Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

27 अगस्त 2023 के राशिफल

884

दिनांक-27/08/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- एकादशी

रात के 09 बजके 32 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वादशी।

दिन- अतवार

मूल नक्षत्र

दिन के 07 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र।

 प्रीति जोग

दिन के 01 बजके 26 मिनट ले,

ओकरा बाद आयुष्मान जोग।

वणिज करण।

श्रवण पुत्रदा एकादशी।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक-28/08/2023

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वादशी

सांझ के 06 बजके 23 मिनट ले।

दिन- सोमार।

उत्तराषाढ़ा नक्षत्र

रात के 02 बजके 43 मिनट ले।

आयुष्मान जोग

दिन के 09 बजके 56 मिनट ले।

बव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

जतरा आ देशाटन के स्तिथि सुखद आ उत्साह बढ़ावे आला होई। संतान के बेवहार से चिंता हो सकेला। संबंधित अधिकारी के सहजोग रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला में बढ़न्ती होई। शासन सत्ता के सहजोग भेंटी। बेवसायिक प्रतिष्ठा उत्तम रही। खीस प लगाम रखीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

घर के जरूरी सामान बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। पारिवारिक आ बेवसायिक ममिलन में लाभ मिल सकला।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

अनचाहा जतरा भा आदमी से तनाव मिल सकेला। धार्मिक पर्वृति में बढ़न्ती होई। रिश्तन में मजबूती आई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। आर्थिक ममिला में सुधार होई। संतान भा जीवनसाथी से मतभेद हो सकेला।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

रचना के काम में सफलता मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरूरत बा। धन खरच होई। मन खिन्न रही। चल भा अचल संपत्ति में बढ़न्ती होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

रचनात्मक काम में सफलता मिली। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। जीविका के क्षेत्र में बढन्ती होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेम। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिला में सुधार होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

रचना के काम सफल होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

बेवसायिक कोसिस सफल होई। जीवन साथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। रचना के प्रयास सार्थक रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

बेकार के उलझन रही। भाई-बहिन के सहजोग रही। जीवनसाथी के सहजोग रही। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

632190cookie-check27 अगस्त 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.