Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

27 साल बाद इंटरनेट एक्सप्लोरर के बंद करी माइक्रोसॉफ्ट, 15 जून के होई विदाई

कंपनी कहलस ‘विंडोज 10 पs इंटरनेट एक्सप्लोरर के सेवा अब माइक्रोसॉफ्ट एज में मिली। माइक्रोसॉफ्ट एज इंटरनेट एक्सप्लोरर के तुलना में एगो तेज, जादे सुरक्षित आ आधुनिक ब्राउजर हs।

562

माइक्रोसॉफ्ट 27 साल के सेवा के बाद आपन सबसे पुरान ब्राउजर Internet Explorer के बंद करे के घोषणा कइले बा। माइक्रोसॉफ्ट कहलस कि ऊ पुरान ब्राउजर खातिर मैनस्ट्रीम सपोर्ट के समाप्त कs दी।

एकरा के पहिला बेर 1995 में विंडोज 95 खातिर ऐड-ऑन पैकेज के रूप में जारी कइल गइल रहे। ब्राउजर के माइक्रोसॉफ्ट पैकेज के साथे मुफ्त में प्रदान कइल गइल रहे। कंपनी के अधिसूचना के मोताबिक Internet Explorer 15 जून 2022 से काम कइल बंद कs दी।

कंपनी कहलस ‘विंडोज 10 पs इंटरनेट एक्सप्लोरर के सेवा अब माइक्रोसॉफ्ट एज में मिली। माइक्रोसॉफ्ट एज इंटरनेट एक्सप्लोरर के तुलना में एगो तेज, जादे सुरक्षित आ आधुनिक ब्राउजर हs। माइक्रोसॉफ्ट एज में इंटरनेट एक्सप्लोरर मोड (IE mode) दिहल गइल बा, जवना से इंटरनेट एक्सप्लोरर-आधारित वेबसाइटन आ एप्लिकेशन के सीधे माइक्रोसॉफ्ट एज से एक्सेस कइल जा सकी।

नेटिजन्स के मिलल प्रतिक्रिया

कंपनी के विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि माइक्रोसॉफ्ट एज एक जिम्मेदारी के संभारे में सक्षम बा। संगही इंटरनेट एक्सप्लोरर 11 डेस्कटॉप एप्लिकेशन खातिर 15 जून के विंडोज 10 के कुछ वर्जन पs सपोर्ट के खत्म कs दिहल जाई। एही बीच इंटरनेट एक्सप्लोरर के बंद होखला के खबर वायरल हो गइल बा। एह पs नेटिजन्स आपन प्रतिक्रिया आ दिलचस्प मीम्स के माध्यम से पुरान ब्राउजर के अलविदा कह रहल बा लो।

Internet Explorer के जगे माइक्रोसॉफ्ट एज

जवन लोग अभियो इंटरनेट एक्सप्लोरर के उपयोग कs रहल बा कंपनी ओकरा से 15 जून, 2022 से पहिले माइक्रोसॉफ्ट एज के इस्तेमाल करे के सिफारिश कइलस। कंपनी कहलस कि रउआ इंटरनेट एक्सप्लोरर के जगे अब माइक्रोसॉफ्ट एज पs जाई। ई इंटरनेट एक्सप्लोरर के तुलना में एगो तेज, जादे सुरक्षित आर अधिक आधुनिक ब्राउजर बा।

डिवाइस पs पहिलही से मवजूद बा माइक्रोसॉफ्ट एज

माइक्रोसॉफ्ट एज रउआ सभे के डिवाइस पs पहिलही से मवजूद बा। विंडोज 10 सर्च बॉक्स के उपयोग कs के माइक्रोसॉफ्ट एज सर्च करी। जदि रउआ लगे ई नइखे, तs रउआ एकरा के आसानी से डाउनलोड कs सकत बानी। कपंनी कहलस कि एक बेर जब आप माइक्रोसॉफ्ट एज में जाये के विकल्प चुनत बानी, तs कुछे क्लिक में इंटरनेट एक्सप्लोरर से आपन पासवर्ड, पसंद के आ आउर ब्राउज़िंग के ट्रांस्फर कs सकत बानी। जदि रउआ कवनो अइसन साइट पs जात बानी, जवना के खोले खातिर इंटरनेट एक्सप्लोरर के जरूरत होला, तs माइक्रोसॉफ्ट एज में इंटरनेट एक्सप्लोरर मोड बिल्ट-इन बा, जवना से रउआ सभे अभियो एकरा के एक्सेस कs सकीं।

Internet Explorer के 2003 में लगभग 95 फीसदी उपयोग

बता दीं कि माइक्रोसॉफ्ट इंटरनेट एक्स्प्लोरर वेब ब्राउजर के पहिला बेर 1995 में रिलीज कइल गइल रहे। पहिले एकरा के किने के पड़त रहे। बाद के वर्जन फ्री डाउनलोड आ इन-सर्विस पैक के रूप में एवलेबल कs दिहल गइल रहे। ब्राउजर के 2003 में लगभग 95 फीसदी उपयोग होखे लागल रहे। यूजर्स के बेहतर एक्सपीरियेंस के साथे इंटरनेट ब्राउजर के बेहतरीन फैसिलिटी मिले लागल रहे, बाकिर आउर कंपीटीटरन के नया ब्राउजर के जारी होखला के बाद इंटरनेट एक्स्प्लोरर के यूजर बेस गिर गइल। एकरा बाद इंटरनेट एक्सप्लोरर के नाया फीचर डेवलपमेंट के 2016 में नाया ब्राउजर माइक्रोसॉफ्ट एज के आवे के बाद बंद कs दिहल गइल रहे।

272600cookie-check27 साल बाद इंटरनेट एक्सप्लोरर के बंद करी माइक्रोसॉफ्ट, 15 जून के होई विदाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.