भारत में जे नरसंहार कइले रहे… जब आतंकी तहव्वुर राणा प्रत्यर्पण के लेके पीएम मोदी ट्रंप के कहले शुक्रिया

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 14, 2025

साल 2008 में मुंबई में भइल आतंकी हमला के मुख्य षड्यंत्रकारी तहव्वुर राणा के अमेरिका भारत के सौंपे वाला बा. राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप एकरा के मंजूरी दे दिहले बाड़न. उs कहले कि तहव्वुर राणा के

Share

आतंकी तहव्वुर राणा

साल 2008 में मुंबई में भइल आतंकी हमला के मुख्य षड्यंत्रकारी तहव्वुर राणा के अमेरिका भारत के सौंपे वाला बा. राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप एकरा के मंजूरी दे दिहले बाड़न. उs कहले कि तहव्वुर राणा के भारत में न्याय के सामना करे के पड़ी। ट्रंप इs घोषणा व्हाइट हाउस में पीएम मोदी के संगे संयुक्त प्रेस कांफ्रेंस के दौरान कईले। ट्रंप के एs फैसला पs पीएम मोदी खुशी जतवले।

अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के 26/11 मुंबई हमला के दोषी तहवूर राना के भारत के प्रत्यर्पण के मंजूरी दुनो के बीच सुरक्षा सहयोग के अवुरी मजबूत करे के दिशा में एगो बड़ कदम मानल जाता। तहवूर राना पर साल 2008 के मुंबई हमला में साजिश रचे के आरोप बा. उनुका प आतंकी संगठन लश्कर-ए-तैबा के समर्थन करे के आरोप भी बा।

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

डोनाल्ड ट्रंप का कहले?

पीएम मोदी अवुरी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के बीच भईल द्विपक्षीय बातचीत के बाद भईल संयुक्त प्रेस कांफ्रेंस के दौरान ट्रंप कहले कि, “हमरा इs बतावत खुशी होखता कि हमनी के प्रशासन 2008 के मुंबई आतंकी हमला के दोषी तहव्वुर राणा के प्रत्यर्पण के मंजूरी दे देले बा। उनुका भारत जाए के होई अवुरी न्याय के सामना करे के होई।” 

‘आतंकवाद से लड़े पs सहयोग’

ट्रंप के घोषणा के बाद पीएम मोदी कहले कि, “आतंकवाद से लड़े में हमनी के सहयोग करब। वर्तमान समय में सीमा पार से आतंकवाद के खिलाफ कड़ा कार्रवाई के जरूरत बा। हम राष्ट्रपति ट्रंप के आभारी बानी कि उs मुंबई में 26/11 हमला के दोषी पावल गईल आतंकी तहव्वुर राणा के प्रत्यर्पण के फैसला लेले। हमनी के देश के न्यायपालिका उनुका के कानून के सोझा ले आई।”

तहव्वुर राणा के प्रत्यर्पण के मांग बहुत दिन से चलत आवता

बता दीं कि भारत बहुत दिन से तहव्वुर राणा के प्रत्यर्पण के मांग करत रहे। अब अमेरिका उनुका के प्रत्यर्पण पs सहमत हो गइल बा. तहव्वुर राणा फिलहाल एगो अमेरिकी जेल में बंद बाड़े। एकरा से पहिले अमेरिकी सुप्रीम कोर्ट तहव्वुर राणा के 25 जनवरी 2024 के भारत में प्रत्यर्पण के मंजूरी दे देले रहे। एs मामला में उनुका सजा के खिलाफ दायर समीक्षा याचिका के भी कोर्ट खारिज कs देले रहे। बता दीं कि तहव्वुर राणा के एफबीआई साल 2009 में गिरफ्तार कs लिहले रहुवे. 

इहो पढ़ीं:भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

तहव्वुर राणा के हवें?

तहव्वुर राणा साल 2008 के मुंबई आतंकी हमला के मुख्य साजिशकर्ता में से एक बा। ऊ पाकिस्तानी मूल के हउवें आ कनाडा के नागरिक हउवें. ओकर संबंध पाकिस्तानी-अमेरिकी आतंकी डेविड हेडली से बा। हेडली भी मुंबई आतंकी हमला के मुख्य आरोपी में से एगो बा। मुंबई आतंकी हमला के लेके दायर आरोप पत्र के मुताबिक तहव्वुर पs मुंबई हमला करे में हेडली अवुरी बाकी आतंकी के मदद करे के आरोप बा। उनुका के लॉस एंजेलिस के एगो जेल में बहुत दिन से बंद कईल गईल बा। 

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.