[the_ad_group id="30365"]

25 सितंबर 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 25/09/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथी- अमावस्या

रात में 03 बजके 24 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- अतवार।

उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र

सबेरे 05 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद हस्त नक्षत्र।

शुभ जोग

दिन में 09 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद शुक्ल जोग।

चतुष्पद करण।

अमावस्या, महालय श्राद्ध पक्ष पूर्ण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 26/09/2022

आश्विनी शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

रात में 03 बजके 08 मिनट ले।

दिन- सोमार।

हस्त नक्षत्र

सबेरे 06 बजके 16 मिनट ले।

शुक्ल जोग

दिन में 08 बजके 05 मिनट ले।

किस्तुघ्न करण।

नवरात्रि।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेयपार में निवेश खातिर आज के दिन शुभ बा। नौकरी में तरक्की मिली। आत्म विस्वास के दम पs काम बनी। घर में कवनो मांगलिक कार्यक्रम के आयोजन हो सकेला। जिनगी में कुछ नाया बदलाव आ सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

लमहर समे से चलल आ रहल काम में सफलता मिल सकत बा। स्वास्थ में उतार चढाव आई। घर में कवनो मेहमान के अइला से माहौल हल्का होई। धन के खर्चा बढ़ सकेला। संतान के तरफ से संतुष्ट रहेम।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बेवसायी लोग के आज के दिने लाभ होई। अपना वाणी पs लगाम राखी। नौकरी पेशा लोगन के दफ्तर में प्रशंसा मिली। बियहल जिनगी में सुख-शांति बनल रही। विदेश यात्रा के जोग बन रहल बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज संतान के तरफ से कवनो शुभ समाचार मिल सकेला। आर्थिक स्तिथि बेहतर होई। विद्यार्थियन के अपना पढ़ाई पs धेयान देवे के जरूरत बा। दफ्तर में सहयोगियन के मदद मिली।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज परिवार में राउर बातन के तवज्जो दिहल जाई। आर्थिक लाभ होई। मानसिक शांति खातिर दिनचर्या में जोग आ धेयान के शामिल करी। संघतिया लोगन से कवनो सरप्राइज मिल सकेला। बियाह से जुड़ल कवनो शुभ समाचार मिल सकेला।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिने मिलल जुलल परिणाम मिली। विदेश में बेवसाय करे के जोग बन रहल बा। कवनो बात से मन अशांत हो सकेला। स्वभाव में क्रोध के अधिकता रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

नौकरी में प्रमोशन मिल सकेला। माई के सेहत के खेयाल राखीं। बेवसाय सामान्य रही। अपना स्वास्थ के लेके लापरवाही भारी पड़ सकेला। वाहन सुख संभव बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज धन संबंधी ममिलन में सफलता मिली। घर के लोगन संगे निम्मन समे बीती। दफ्तर के काम में भाग-दउर करे के पड़ सकेला। आपन भावना प्रेमी के बताई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज परिवार में तनिका मनमुटाव हो सकेला। दिन सामान्य रही। सेहत के खास खेयाल रखीं। नौकरी में तनिका परेसानी झेले के पड़ सकेला। बेवसाय में बढ़न्ती होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

घर के लोग संगे तालमेल बढ़िया रही। जतरा करे के पड़ सकेला। कवनो दिल के इक्षा पूरा होखला से मन प्रसन्न रही। आपन काम के क्षमता के दम पs वरिष्ठ अधिकारियन के प्रसन्न करेe सफल रहेम।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

मन में आशा निराशा के भाव जामी। साझेदारी में बेवसाय शुरू करे ला समे अनुकूल बा। प्रेमियन खातिर आज के दिन खास बा। अपना करीबियन के संगे समे बिताई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

बेवसाय के भाग-दउर से दूर होके आज आराम मिली। नाया नौकरी मिल सकेला। परिवार में कवनो अनबन हो सकेला। धन के मामिला में दिन शुभ बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]