25 जनवरी 2025 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 25, 2025

दिनांक- 25/01/2025 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग माघ कृष्ण पक्ष तिथि- एकादशी रात के 08 बजके 32 मिनट ले, ओकरा बाद  द्वादशी। दिन- सनीचर। ज्येष्ठा नक्षत्र  समस्त। ध्रुव जोग भोर के 04 बजके 37

Share

राशिफल

दिनांक- 25/01/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

माघ कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

रात के 08 बजके 32 मिनट ले,

ओकरा बाद  द्वादशी।

दिन- सनीचर।

ज्येष्ठा नक्षत्र

 समस्त।

ध्रुव जोग

भोर के 04 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद व्याघात जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 26/01/2025

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

रात के 08 बजके 55 मिनट ले।

दिन- अतवार।

ज्येष्ठा नक्षत्र

सबेरे के 08 बजके 26 मिनट ले।

व्याघात जोग

भोर के 03 बजके 37 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

 कवनो काम के शुरू करे से पहिले विचार करीं। संतान के बियाह में हो रहल विलंब से चिंतित रहेम। पारिवारिक वातावरण सहजोग पूर्ण रही। कलात्मक अभिव्यक्ति के प्रकट करे के अवसर मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आपन लोगन के साथ पाके सुखद महसूस करेम। धर्म के प्रति आस्था बढ़ी। परिजनन के संगे कइल गइल यात्रा सुखद आ सफलता देवे वाला होई। रुकल धन प्राप्त होखला के जोग बा। प्रेम प्रसंग में जल्दबाजी में काम मत करीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

राउर मेहनत से बेयापार अच्छा चली। राजनीति में महत्वपूर्ण व्यक्तियन से संपर्क होई। बाबूजी के स्वास्थ्य के धेयान राखीं। कार्यस्थल प रउआ द्वारा लिहल गइल निर्णय सही होई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

समय के अनुकूलता के आभास होई। सहकर्मियन के संगे जतरा होई। आज आमदनी में वृद्धि के जोग बा। रुकल पईसा प्राप्त होखला से राहत मिली। कला जगत से जुड़ल लोगन के मान सम्मान मिल सकत बा।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

कम समय में काम पूरा करेम। निजी संबंधन में मधुरता बढ़ी। परिवार में हर्षोल्लास के वातावरण रही । रउआ नौकरी में पदोन्नति के जोग बन रहल बा।  सम्मान बढ़ी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

दिन सुभ बा। सन्तान के बेवहार से प्रसन्न होखेम। रउआ दूसरा के काम में हस्तक्षेप मत करीं। खीस प नियंत्रण रखीं। सफलता से आत्मविश्वास बढ़ीं। परिश्रम बेसी करे के होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

रउआ आपन अधिकारन के प्रयोग क के काम पूरा करेम। अनियमितता के कारण स्वास्थ्य बिगड़ सकत बा। योजना के मोताबिक काम ना होखला से मन उदास रही। व्यक्तिगत समस्या के समाधान होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

समय के अनुकूलता के आभास होई। आज भौतिक सुख सुविधा के ओर रुझान बढ़ी। आमदनी के अनुरूप खरचा करीं। कार्यक्षेत्र के बाधा दूर होई। संतान के उन्नति सम्भव बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिने अर्थ लाभ होई। बेयपार में नया योजना क्रियान्वित होई, जवन सफल रही। वाणी प संयम रखीं। स्वास्थ्य ठीक रही। जीवनसाथी के साथे जतरा के जोग बन रहल बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

दूसरों को देखकर अपने जीवन में बदलाव लाने की कोशिश करेंगे। परिजनों से मनमुटाव सम्भव है। आज व्यापार में लाभ प्राप्ति के योग बनेंगे। विश्वसनीय व्यक्ति का सहयोग मिलने से काम पूरे होंगे।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज कवनो काम के करे से मन में दुविधा रही। बेयपार में बदलाव हो सकत बा। पुरान संघतिया लोगन से मुलाकात होई। बेवसायिक सफलता से हर्ष सम्भव बा। नौकरी जवाबदेही के काम ठीक से ना क पाएम।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

क्रोधी रवइया के त्यागी। बात बात प खिसिआइल निम्मन बात नइखे, ई पतन के कारण बा। पारिवारिक जिनगी में तनाव रही। व्यापार में लाभ होखला से राहत मिली। आज वाहन चलावत घरी सावधानी बरतल जरूरी बा।्र

Read Also: CBSE Exams : परीक्षा में फोन के संगे पकड़ल गइला पs दु साल के प्रतिबंध, अउरियो इलेक्ट्रॉनिक उपकरणन पs रोक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.