[the_ad_group id="30365"]

25 अगस्त 2023 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-25/08/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

रात के 02 बजके 02 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- सुक।

अनुराधा नक्षत्र

दिन के 09 बजके 14 मिनट ले,

ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।

 वैधृति जोग

सांझ के 06 बजके 50 मिनट ले,

ओकरा बाद विष्कुम्भ जोग।

बालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक-26/08/2023

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

रात के 12 बजके 08 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

ज्येष्ठा नक्षत्र

दिन के 08 बजके 37 मिनट ले।

विष्कुम्भ जोग

दिन के 04 बजके 26 मिनट ले।

तैतिल करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन राउर निमन बेवहार रउआ के जोखिम से बचा सकत बा। अधिकारियन से मतभेद हो सकत बा, वाद-विवाद से दूर रहीं, परिवार के सहजोग प्राप्त होई। नया काम के सुरुआत में अड़चन आई, केहू आपन के स्वास्थ के चिंता बनल रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

मन अशांत रही, देह में चोट लाग सकत बा। वाहन आदि के यात्रा मत करीं, दुर्घटना आदि के योग बन सकत बा। पुरान मतभेद उभर के फेर से सामने आ सकत बा, वाणी पs संयम रखीं। कोर्ट-कचहरी के कामन में देरी होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर खुशखबरी देवे वाला होई, परिवार में नया सदस्य के आगमन होई, धार्मिक यात्रा भा धार्मिक काम के योजना बन सकत बा, बंधुअन से संबंध में मधुरता आई, कवनो नया लेन-देन साझेदारी सुरू हो सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बहुत अच्छा रही, मन प्रसन्न रही, पारिवारिक सदस्यन के सहयोग प्राप्त होई। नया काम के सुरुआत होई, पुरान चलल आ रहल विवाद खतम होई, घर में मांगलिक कार्यक्रमन के योग बनी, समाज में मान-सम्मान प्राप्त होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर ठीक ना होई, अपने लोगन के बेवहार से मन अशांत रही, बेयपार में सहजोगी साथियन से धोखा मिल सकत बा। कवनो नया काम के सुरू करे से बचीं, लेन-देन में सतर्कता बरतीं, अपना स्वास्थ पs धेयान दीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मांगलिक कामन के योग बनी, कवनो धार्मिक यात्रा पs जा सकत बानी, बाकिर वाहन आदि के चलावे से बचीं, दाम्पत्य जिनगी में पत्नी के सहजोग मिली, कवनो सुखद समाचार प्राप्त होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन विरोधी से सावधान रहीं, वाद-विवाद के इस्थिति मत बने दीं, बेयपार में नुकसान हो सकत बा। कर्मचारी वर्ग के सोच विचार कs के बेवहार करे के आवश्यकता बा, मानसिक तनाव बनल रही। परिवार में मतभेद बढ़ी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

मांगलिक कामन के योग बनी, कवनो धार्मिक यात्रा पs जा सकत बानी, बाकिर वाहन आदि के चलावे से बचीं, दाम्पत्य जिनगी में पत्नी के सहजोग मिली, कवनो सुखद समाचार प्राप्त होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर सानदार रही, भूमि भवन वाहन आदि के लेवे के योग बन सकत बा, बेयपार में लाभ होई, नया काम के अवसर प्राप्त होई, कवनो विशेष व्यक्ति के मिलला से लाभ होई, कर्मचारियन खातिर आज के दिन अच्छा रही, पद-प्रतिष्ठा सम्मान के प्राप्ति होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

बनल काम में बाधा आई। केहू के दिहल धन वापस ना मिलला से वाद-विवाद के इस्थिति बन सकत बा। वाणी पs संयम रखीं, अच्छा होई कि रउआ आज के दिन कवनो नया काम मत सुरू करीं, पारिवारिक सदस्यन के साथ मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज राउर मन अशांत रही, कवनो प्रिय के चिंता बनल रही, बोली पs संयम रखीं, यात्रा आदि से बचीं, बेकार के कामन में धन खर्च हो सकत बा, परिवार के सहजोग मिली, आज रउआ जादेतर निगेटिव विचार आई, एसे बचे खातिर रउआ हनुमान चालीसा के पाठ करीं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बहुत अच्छा रही, नया संबंध बनी, कारोबार में बढ़न्ती होई, पत्नी के सहजोग प्राप्त होई, आय के नया स्रोत बनी, मन प्रसन्न रही, रुकल धन वापस मिल सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]