[the_ad_group id="30365"]

25 अप्रिल 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-25/04/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

सबेरे के 06 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- बियफे।

विशाखा नक्षत्र

रात के 02 बजके 24 मिनट ले,

ओकरा बाद अनुराधा नक्षत्र।

व्यातीपात जोग

भोर के 04 बजके 53 मिनट ले,

ओकरा बाद वरीयान जोग।

कौलव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 26/04/2024

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वितीया

सबेरे के 07 बजके 46 मिनट ले।

दिन- बियफे।

अनुराधा नक्षत्र

रात के 03 बजके 40 मिनट ले।

वरीयान जोग

भोर के 04 बजके 19 मिनट ले।

गर करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेकार के भाग-दउर रही। संघतिया से मतभेद हो सकेला। बेवसायिक पक्ष मजबूत होई। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। बेवसाय में लाभ होई

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अडचन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरू हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान मिली। शिक्षा में बढ़न्ती होई। जतरा के संजोग बन रहल बा।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। संतान के सुख मिली। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। बाबूजी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मानसिक तनाव सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। संतान के सुख मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ से जुड़ल लाभ मिली। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। माई के स्वास्थ में बाधा रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। भाग-दउर रही। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरु हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। चोट चपेट अस इस्तिथी बन सकत बा। भाग-दउर रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। अचके कुछ लाभ मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। माई-बाबूजी के सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी, जतरा के संजोग बनी। सावधानी बरतीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]