[the_ad_group id="30365"]

हिमाचल के बद्दी में 25 साल के युवक के हत्या, हत्यारा लाश के सड़क के किनारे फेंक देलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बद्दी (सोलन) । हिमाचल प्रदेश के सोलन जिला के बद्दी में एगो युवक के हत्या के मामला सोझा आईल बा। हत्या के बाद युवक के लाश सड़क के किनारे फेंक दिहल गईल। फिलहाल पुलिस एगो आदमी के हिरासत में लेले बिया आ जांच में जुटल बिया।

जानकारी के मुताबिक युवक के लाठी से पीट-पीट के हत्या क दिहल गईल। हत्या के बाद हत्यारा युवक के लाश सड़क के किनारे फेंक देले। पुलिस मौका के आसपास सीसीटीवी कैमरा के फुटेज के भी जांच करतिया। फोरेंसिक एक्सपर्ट के टीम भी मौका पे जाके सबूत एकट्ठा कईले बिया।

दरअसल मंगलवार के सबेरे बड्डी के नजदीक मल्लापुर में एगो 25 साल के युवक के लाश संदिग्ध परिस्थिति में पुलिस के मिलल। पुलिस जांच में सोझा आईल बा कि उक्त युवक के बेरहमी से पिटाई भईल, जवना के चलते उनुकर मौत हो गईल।

मौका पे पहुंचे डीएसपी, कइले जांच

सूचना मिलते डीएसपी प्रियंक गुप्ता के नेतृत्व में, संदिग्ध से भी पूछताछ करतिया। मानल जाता कि ए संदिग्ध के अंतिम बेर मरेवाला के संगे बातचीत भईल रहे। डीएसपी बड्डी प्रियंक गुप्ता बतवले कि पुलिस धारा 302 के तहत मामला दर्ज करा के कार्रवाई शुरू क देले बिया|

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]