Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

24 जून 2023 के राशिफल

505

दिनांक-24/06/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- षष्ठी

रात के 10 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- सनीचर।

मघा नक्षत्र

दिन के 07 बजके 18 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्व फाल्गुनी।

 सिद्धि जोग

समस्त।

कौलव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 25/06/2023

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 12 बजके 25 मिनट ले।

दिन- अतवार।

पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र

दिन के 10 बजके 11 मिनट ले।

सिद्धि जोग

सबेरे के 05 बजके 26 मिनट ले।

 गर करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर मन आध्यात्म के और झुकल रही। रउआ कवनो धार्मिक यात्रा पs जा सकत बानी। राउर मन प्रसन्नता से भरल रही। रउआ नया ऊर्जा से अपना कार्य के क्षेत्र में काम करेम। बेयपार-बेवसाय में रउआ लाभ मिली। परिवार के साथ हर परिस्थितियन में मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा। काम के भागदौड़ से अपना खातिर कुछ समय निकालीं। स्वास्थ के धेयान रखीं। कवनो बड़ लेन देन आज मत करीं। आर्थिक इस्थिति में गिरावट महसूस करेम। वाद-विवाद से दूर रहीं। वाणी पs संयम रखीं। वाहन आदि के चलावे में सावधानी बरतीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ कवनो वाद-विवाद में फंस सकत बानी। पारिवारिक कलह से रउआ दूर रहीं। राउर बेयपार-बेवसाय में अपना पार्टनर से वैचारिक मतभेद हो सकत बा। बेवसाय में बड़ जोखिम मत उठाई। अपनन के प्रेम भा स्नेह प्राप्त होई। रउआ नया काम सुरू मत करीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रही। राउर स्वास्थ ठीक रही। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम के योग बनी। रउआ अपना परिवार के संगे कहीं बाहर घूमे जा सकत बानी। बेयपार-बेवसाय में लाभ होई। कवनो नया पार्टनरशिप सुरू कs सकत बानी। पत्नी से मतभेद हो सकत बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन सानदार रही। परिवार समाज में मान-सम्मान के बढ़ोन्ती होई। कवनो परिचित से मिलल होई। बेयपार-बेवसाय में कवनो बड़ निर्णय रउआ आज ले सकत बानी। काम के क्षेत्र में बड़ निवेश रउआ कs सकत बानी। विरोधियन से सतर्क रहीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज रउर मन अपना कवनो परिचित के बेवहार से खिन्न दिखाई पड़ी। राउर स्वास्थ ठीक रही। खान-पान पs धेयान दीं। काम के क्षेत्र में रउआ परिवर्तन मत करीं। कवनो बड़ डिसीजन आज मत लीं ना तs हानि उठावे के पड़ सकत बा। बेयपार मे उतार-चढ़ाव बनल रही। परिवार में अपनन से मतभेद हो सकत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउआ परिवार के संगे कवनो कार्यक्रम पs जा सकत बानी। स्वास्थ के रउआ ध्यान रखीं। आज राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा। राउर सामाजिक क्षेत्र में कवनो परिचित से वाद-विवाद हो सकत बा। बेयपार बेवसाय में आज कवनो बड़ निवेश मत करीं। वाहन आदि के चलावे में सावधानी बरतीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज रउआ कहीं बाहर परिवार के संगे जा सकत बानी। स्वास्थ ठीक रही आ मन प्रसन्न रही। बेयपार-बेवसाय में रउआ कवनो नया काम भा नया साझेदारी सुरू कs सकत बानी। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम के योग बन सकत बा। पत्नी के स्वास्थ में सुधार होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज रउआ जवना काम के बहुत दिनन से सोच रहल बानी, ऊ काम पूरा होई। राउर कवनो विशेष व्यक्ति से मिलल होई। राउर मन आनंद से भरल रही। परिवार में केहू आपना के स्वास्थ बिगड़ सकत बा। बेयपार में लाभ होई आ आर्थिक इस्थिति मजबूत होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज रउआ स्वास्थ में गिरावट महसूस करेम। रउआ कवनो नया काम सुरू करे के सोच रहल बानी तs आपको विरोधियन के सामना करे के पड़ सकत बा। बेवसाय में हानि उठावे के पड़ सकत बा। राउर मन अशांत रही आ वाद-विवाद से दूर रहीं।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा। रउआ परिवार में कवनो बात पs मतभेद उत्पन्न हो सकत बा। बेयपार-व्यवसाय में हानि उठावे के पड़ सकत बा। संगही लोग राउर काम में विघ्न-उत्पन्न कs सकत बा। रउआ न्यायलय पक्ष के काम में हानि उठा सकत बानी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज अपना स्वास्थ में लाभ महसूस करेम। राउर मन अध्यात्म के ओर रही। रउआ बेयपार-बेवसाय में आज परिवर्तन कs सकत बानी। परिवार के संगे रउआ कवनो धार्मिक यात्रा पs जा सकत बानी। रउआ परिवार के लोग राउर कवनो काम के विरोध कs सकत बा।

576340cookie-check24 जून 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.