Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

24 जुलाई 2022 के राशिफल

814

दिनांक- 24/07/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

दिन में 01 बजके 45 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वादशी।

दिन- अतवार।

रोहिणी नक्षत्र

रात में 10 बजके 00 मिनट ले,

ओकरा बाद मृगशिरा नक्षत्र ।

वृद्धि जोग

दिन में 02 बजके 01 मिनट ले,

ओकरा बाद ध्रुव जोग।

वालव करण।

कामिका एकादशी

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 25/07/2022

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

दिन में 04 बजके 16 मिनट ले।

दिन- सोमार।

मृगशिरा नक्षत्र

रात में 01 बजके 06 मिनट ले।

ध्रुव जोग

दिन में 03 बजके 03 मिनट ले।

तैतिल करण।

सोम प्रदोष।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेवसायिक नजरिया से आज के समय अच्छा बा। सब कुछ अपना सामान्य गति से काम करी। नौकरीपेशा जातकन खातिर नया अवसर प्राप्त करे के उत्तम समय बा। नया परिचित भा नया सउदा चिंता के कारण बन सकत बा। केहु रउआ ला आर्थिक समस्या खड़ा कs सकत बा। माई के संबंध रउआ के कवनो अप्रत्याशित तरीका से अपार लाभ दिवा सकेला। अनैतिक संबंधन के कारण राउर छवि खराब हो सकत बा। आध्यात्मिक खोज राउर खुद के खोवल आत्मविश्वास वापस ले आवे में मदद कs सकेला।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज ऑफिस में राउर तरक्की के दिन बा। राउर बॉस के कवनो काम बहुत पसन आ सकत बा। ऑफिस में राउर तनखाह बढ़ला के बात हो सकत बा, जवना से रउआ बहुते खुश रहब। जदि रउआ आपन खुद के बेवसाय करत बानी तs कुछ सामान लेवे खातिर बाहर जाये के पड़ सकत बा। राउर काम सफल होई। आज कवनो काम में पहिले से लगावल गइल गए धन से रउआ लाभ हो सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बेयपार आ नौकरी में परिवार के सहजोग मिली। कार्यक्षेत्र में सोच-समझके बोली। तरक्की के रस्ता खुली। बेयपार में लाभ के जोग बा। रउआ अपना घर में इस्तेमाल होखे वाला चीजें किन सकत बानी। आपन सोच सकारात्मक राखीं। कवनो विश्वसनीय आदमी के सहजोग रउआ मिल सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

ई समय रउआ ला शुभ नइखें। भाई-बहिन के साथे विवाद पारिवारिक जिनगी में अस्थिरता पैदा कs सकत बा। प्रेम संबंध यथावत रही। समर्पित परिश्रम से रउआ वरिष्ठन के संतुष्ट कs सकत बानी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ ला सामान्य रही। रउआ अपना काम के महत्व के समझे के जरूरत बा। आज जवन काम जादा जरूरी बा, ओकरा के आजे पूरा करीं। काम पूरा करे में रउआ सोझा कुछ चुनौतियो आ सकेला। रउआ आपन काम बहुत समझदारी से करे के चाहीं। छोटे बच्चा अपना माई-बाबुजी से कवनो बात पs जोर दे सकत बा लो। ओह लो के इच्छा पूरो हो सकत बा। माई-बाबूजी के पूरा प्यार मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

नौकरी आ बेवसाय के फसिला भावना के आधार पs मत लीं। विवाद के सामना करे के पड़ सकत बा। कवनो पुरान विवाद सामने आ सकत बा। पारिवारिक समस्या बनल रही। मानसिक परेसानी बढ़ सकत बा। घनिष्ठ संबंधन में अचानक उतार-चढ़ाव के संभावना बा। ई रउआ के तनी परेसान कs सकत बा। वाहन के प्रयोग सावधानी से करीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन बहुते विवाद से भरल हो सकत बा। रउआ अपना वरिष्ठन के उपेक्षा के सामना करे के पड़ी आ राउर सहजोगी राउर कमजोरियन के भुनावे आ खेल के बिगाड़े के काम करिहें।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन रउआ ला फायदेमंद रही। बेयपार में निमन लाभ मिली। करियर में सब कुछ अच्छा रही। जदि रउआ ब्यूटी सैलून खोलले बानी तs राउर काम अच्छा रही। रउआ कवनो नया बेवसाय के योजनो बना सकत बानी। कवनो काम से शहर से बाहर ट्रिप पs जा सकत बानी।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

नौकरी में पदोन्नति के संभावना बा। जदि राउर खुद के कवनो बेवसाय बा तs ओपर पूरा धेयान देब। बेयपार आ काम से जुड़ल परेसानी खत्म होई। फिजूल के भागदौड़ खत्म हो सकत बा। राउर दिन निमन बीती। घर आ ऑफिस दुनों के माहौल रउआ ला सुखद रही।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

नौकरी भा काम से जुड़ल कइयन गो नाया विकल्प रउआ मिल सकत बा। ओइसे, रउआ जल्दबाजी में निर्णय लेवे से बचे के चाहीं। बेवसयिक संदर्भ में, रउआ विस्तार योजनन के लागू करे के पूरा कोसिस करेम। कइल गइल वादन के निभाई आ दोसरा पs भरोसा करीं। आपन काबिलियत देखावे के ई सही समय बा। ब्रेक-अप से बांचे खातिर एक-दूसरा के भरोसा मत तुरी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ अपना रिश्तन के जादे महत्व देम। परिवार में खुशी आई। रउआ सभकर सहजोग मिली। राउर काम समय पs पूरा हो जाई। लईकन के पढ़ाई ठीक रही। जदि रउआ कवनो हलवाई के दुकान से जुड़ल काम करेनी तs राउर काम अच्छा चली। खुद के ऊर्जावान महसूस करेम। दाम्पत्य संबंधन में मधुरता बनल रही। परिवार के साथे कहीं बाहर जाये के प्लान बना सकत बानी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रउआ अपना वाणी पs नियंत्रण राखे के चाहीं। अनियमित दिनचर्या से आलस आ थकान हो सकत बा। कुछ छोट कामन में परेसानी होई। अपना आमदनी के हिसाब से खर्च करेम तs अच्छा रही। रउआ अपना आत्मविश्वास को नियंत्रण में राखे के होई।

299140cookie-check24 जुलाई 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.