[the_ad_group id="30365"]

24 अप्रिल 2023 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-24/04/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्थी

 दिन में 08 बजके 25 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- सोमार।

मृगशीर्षा नक्षत्र

रात में 02 बजके 07 मिनट ले,

ओकरा बाद आद्रा नक्षत्र।

शोभन जोग

दिन में 07 बजके 48 मिनट ले,

ओकरा बाद अतिगण्ड जोग।

विष्टि करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 25/04/2023

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

दिन में 09 बजके 40 मिनट ले।

दिन- मंगर।

आद्रा नक्षत्र

रात में 04 बजके 21 मिनट ले।

अतिगण्ड जोग

दिन में 07 बजके 44 मिनट ले।

बालव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज एह राशि में सूर्य ,बुध आ गुरु आउर द्वितीय चन्द्रमा जाँब में बड़ लाभ दे सकत बा। बिजनेस पार्टनर शिप के लेके लाभ रही। जाँब में पद परिवर्तन के संभावना बा। धार्मिक जतरा के संजोग बा। लाल आ नारंगी रंग सुभ बा। सुंदरकांड के कम से कम एक बेर पाठ करीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन पॉलिटिक्स खातिर सफलता के बा। बिजनेस में रुकल धन के आगमन हो सकत बा। आध्यात्म के तरफ आगा बेढ़ेम। उजर आ बुलू सुभ बा। तुलसी के पेड़ लगाई। गाय के पालक खिलाई आ गुड़ के दान करीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

सूर्य एकादश आ शुक्र द्वादश के होके बेवसाय खातिर सुभ बा। आज के दिन दशम गुरु आ चन्द्रमा बिजनेस खातिर अनुकूल बा। जॉब में स्थान परिवर्तन सम्बन्धी कवनो निर्णय सोचला समझला के बादे लीं। नया बेवसाय के तरफ बढ़ सकत बानी। हरियर आ आसमानी रंग सुभ बा। तिल के दान करीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

सूर्य एही राशि से दशम, गुरु नवम आ चन्द्रमा मन के कारक ग्रह बा जवन कि वृष में सुभ बा। धार्मिक कामन में बाझल रहेम। हरियर आ आसमानी रंग सुभ बा। शिव उपासना करीं। आज शनि के द्रव्य करिया उड़द के दान करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

गुरु अष्टम आ सूर्य एही राशि से नवम भाव में रही।शुक्र वाहन किने खातिर सुभ बा। शुक्र आ बुध जॉब में कवनो नया उत्तरदायित्व से लाभ दी। आज कवनो बेवसायिक योजना के टालना ठीक नइखे। हरियर आ आसमानी रंग सुभ बा। उड़द आ गुड़ के दान करीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

सूर्य एही राशि से अष्टम में रहके बेवसाय में लाभ दीं। सप्तम गुरु आ वृष के शुक्र लव लाइफ खातिर लाभकारी बा। खष्ठम शनि मंगलमय बा जवन पॉलिटिक्स में सफलता दी। विष्णु भगवान के तुलसी अर्पित करीं। बुलु आ बैगनी रंग सुभ बा। गाय के पालक खिलाई। राजनीतिज्ञन से लाभ हो सकत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

चन्द्रमा एही राशि से अष्टम में होके परिवार खातिर सुभ आ फलदायक बा। बिजनेस के लेकर तनी तनाव संभव बा। सुंदरकांड के पाठ करीं। संघतिया लोगन के सहजोग मिली। बुलु आ बैगनी रंग सुभ बा। खरचा पs नियंत्रण रखीं। कवनो शिव मंदिर में भगवान के जलाभिषेक करीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

चन्द्रमा एही भाव से सप्तम में रहके पेयार आ आउर  रिश्ता संबंधन में भावुकता दी। गुरु पँचम संतान आ शिक्षा खातिर मंगलमय बा। आज के दिन जतरा खातिर सफलता के बा। शुक्र आज हेल्पफुल बा।नारंगी आ पियर रंग सुभ बा। मूंग के दान करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सूर्य पंचम में बा। आज खष्ठम गोचररत बा। परिवार में संतान के बियाह के लेके सुखद समाचार के प्राप्ति होई। बेवसाय में नया अनुबंध से उन्नति के संकेत बा। हरियर आ आसमानी रंग सुभ बा। गेंहू आ गुड़ के दान करीं। बाबूजी के चरण स्पर्श कs के आसिरबाद  लीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

सूर्य मेष आ शुक्र चन्द्रमा पंचम में बा। आफिस में बोली के इस्तेमाल के लेके सावधान रहीं। आर्थिक स्थिति में प्रोग्रेस बा। शिक्षा में सफलता मिली। जाँब में कवनो निर्णय के लेके असमंजस में रहेम। बैगनी आ उजर रंग सुभ बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

सूर्य तृतीय आ शुक्र-चन्द्रमा चतुर्थ गोचर में लाभ दी।शनि एही राशि में बा। बेवसाय के लेकर लाभ रही आ नया काम सुरू होई। तिल के दान सुभ फल दी। आत्मबल में बढ़न्ती होई। उजर आ बुलू रंग सुभ बा। हनुमान जी के उपासना करीं ए आ फलन के दान कइल श्रेयष्कर बा।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

गुरु द्वादश धार्मिक जतरा दिहि। जाँब में उन्नति होई। शुक्र घर आ मकान खातिर सुभ बा। बेवसाय में लाभ के संकेत दे रहल बा आ कवनो बड़ काम संभव बा। धार्मिक कामन में बाझल रहेम। नारंगी आ लाल रंग सुभ बा। बाबूजी के गोड़ छुके के आसिरबाद लीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]