Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

24 अप्रिल 2022 के राशिफल

268

दिनांक- 24/04/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 वैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि-अष्टमी

सुबह में 07 बजके 14 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन-अतवार।

श्रवण नक्षत्र

रात के 08 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद धनिष्ठा नक्षत्र।

शुभ जोग

रात में 01 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद शुक्ल जोग।

कौलव करण।

श्री शीतलाष्टमी व्रतम्।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 25/04/2022

वैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

रात में 03 बजके 28 मिनट ले।

दिन-सोमार।

धनिष्ठा नक्षत्र

रात के 07 बजके 16 मिनट ले।

शुक्ल जोग

 रात में 10 बजके 58 मिनट ले।

वलव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अचके कुछ लाभ भेंटी। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी दूर होई। जतरा के संजोग बन रहल बा। जिनगी सुख से भरल रही। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अडचन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरू हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुड़ल लाभ होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई।  जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में सफलता मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। दाम्पत्य जिनगी सुख से भरल रही। वाद-विवाद से बांची। जतरा के संजोग बन रहल बा।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जे रउआ ला हित करी। नौकरी के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। लईकन के स्वास्थ के खास खेयाल राखीं। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। उपहार भा सम्मान बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। अचके कुछ लाभ भेंटी। जतरा के संजोग बन सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। चोट चपेट अस इस्तिथी बन सकत बा। भाग-दउर रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। अचके कुछ लाभ मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी, जतरा के संजोग बनी। सावधानी बरतीं।
244630cookie-check24 अप्रिल 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.