[the_ad_group id="30365"]

यूपी: अलविदा जुमा के नमाज के बाद सहारनपुर में हंगामा, लागल ‘अल्लाह हू अकबर’ के नारा, पुलिस से नोकझोंक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के सहारनपुर में शहर के प्रमुख फव्वारा चौक इस्थित जामा मस्जिद पs अलविदा जुमा के नमाज के बाद युवक लोग हंगामा कs दिहल। सड़क पs नमाज पढ़ला से रोकल गइला से खिसिआइल युवक करीब आधा घंटा ले ‘अल्लाह हू अकबर’ के नारा लगवले सs। पुलिस से युवकन के जमके नोकझोंक भइल ।

जानकारी के मोतबिक शहर के जामा मस्जिद पs अलविदा जुमाँ के नमाज ला लोग जमा भइल रहे। नमाज होखला के बाद कुछ युवक हंगामा कs दिहल लो आ अल्लाह हू अकबर के नारा लगावल सुरू कs दिहल। सूचना पs पुलिस टीमें मवका पs पहुंचल आ युवकन से बात कइल। एह दौरान कुछ युवकन के पुलिस से नोकझोंको भइल।

मवका पs नगर कोतवाली के अलावे आरएएफ आ पीएसी बल के तैनात कइल गइल। पाता लगला पs अगरी-कगरी के थानन के पुलिस फोर्स के मवका पs बुलावल गइल। लगभग आधा घंटा ले युवक जमके  हंगामा कटले सs आ ‘अल्लाह हू अकबर’ के नारा लगावत रहल लो। एकरा बाद पुलिस युवकन के उहां से हटावल, तs ऊ चौकी सराय के तरफ चल गइल लो आ उहां हंगामा करत नारेबाजी कइल लो।

पाता लगला पs  डीएम अखिलेश सिंह आ एसएसपी आकाश तोमर मवका पs पहुंच गइल लो। पुलिस प्रशासनिक अधिकारियन हंगामा कs रहल बा युवक के समझाके ममिला सांत करावल लो।
ओहिजा, जामा मस्जिद के प्रबंधक मौलाना मौलवी फरीद के कहनाम बा कि कुछ युवक हंगामा कइल लो।  अलविदा जुमा के नमाज सकुशल संपन्न हो गइल। ऊ सभे से शांति बना के राखे के अपील बा। 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]