जेपीयू: पीजी में नामांकन खातिर 2400 छात्र दिहल लो आवेदन, 30 जनवरी बा डॉक्यूमेंट जमा करे के अंतिम तिथि

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 26, 2024

जय प्रकाश विश्वविद्यालय छपरा में पीजी के छात्रन खातिर कागजात जमा करे के 30 जनवरी तक अंतिम तिथि बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी पत्र जारी करत देले बाड़ें। जारी पत्र के मोताबिक जेपी यूनिवर्सिटी में

Share

जय प्रकाश विश्वविद्यालय छपरा में पीजी के छात्रन खातिर कागजात जमा करे के 30 जनवरी तक अंतिम तिथि बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी पत्र जारी करत देले बाड़ें। जारी पत्र के मोताबिक जेपी यूनिवर्सिटी में पीजी सत्र 2022-24 में नामांकन खातिर ऑनलाइन आवेदन करे वाला स्टूडेंट्स के 30 जनवरी के पहिले आपन डॉक्यूमेंट के यूनिवर्सिटी में जमा करे के होई।

विश्वविद्यालय के पीजी विभाग में आवेदन के डाउनलोड कॉपी, अंकपत्र, पहिले के परीक्षा के अंकपत्र, प्रमाणपत्र, निवास प्रमाणपत्र, आधार कार्ड, दिव्यंगता से जुड़ल प्रमाणपत्र आदि डॉक्यूमेंट जमा करावे के होई। आवेदन के दौरान शुल्क जमा कइला पs मिलल रसीद के साथ में संलग्न करे के होई। एकरा बाद से विश्वविद्यालय छात्र कल्याण विभाग के ओर से मेधा सूची तइयार करे के प्रक्रिया सुरू कइल जाई।

नामांकन खातिर लिहल गइल बा ऑनलाइन आवेदन

जेपी यूनिवर्सिटी कावर से पीजी सत्र 2022-24 में नामांकन खातिर ऑनलाइन आवेदन लिहल गइल रहे। एकर मेघा सूची फरवरी में प्रकाशित होई। पीजी के कुल 17 अलग-अलग विभागन में नामांकन खातिर ऑनलाइन आवेदन लिहल गइल बा। यूनिवर्सिटी के छात्र कल्याण विभाग के अध्यक्ष सरफराज अहमद नोटिफिकेशन जारी करत नामांकन खातिर जरूरी डॉक्यूमेंट 30 जनवरी के पहिले यूनिवर्सिटी में जमा करे के निरदेस देले बाड़ें।

बता दीं कि पीजी के कुल 4500 सीट पs नामांकन होखे के बा। जवना खातिर कुल 2400 छात्र आवेदन देले बा लो। फरवरी महीना में मेघा सूची जारी कs दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.