Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मुजफ्फरपुर-पोरबंदर- पूर्वांचल एक्सप्रेस सहित 24 ट्रेनें रद्द: 3 ट्रेनन के बदलल गइल रूट, इहां देखीं कैंसिल ट्रेनन के पूरा लिस्ट

1,274

मुजफ्फरपुर समेत उत्तर बिहार से गुजरे वाली आधा दर्जन से जादे ट्रेन सोमार के प्रभावित रही। एमे मुजफ्फरपुर-पोरबंदर आ पूर्वांचल एक्सप्रेस सहित आउर ट्रेनन के रद्द कइल गइल बा, जबकि, कुछ ट्रेन प्रभावित रहिहें सs। बतावल जा रहल बा कि उत्तर पूर्व रेलवे के गोरखपुर कैंट-कुस्माही के बीच यार्ड रिमॉडलिंग के कार्य कइल जा रहल बा। जवना कारण ट्रेन प्रभावित रही।

  • प्रयागराज रामबाग आ मुजफ्फरपुर से आज चले वाली 12538/12537 प्रयागराज रामबाग- मुजफ्फरपुर-प्रयागराज रामबाग एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • लखनऊ जं. आ पाटलिपुत्र से आज चले वाली 12530/12529 लखनऊ जं.-पाटलिपुत्र-लखनऊ एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • गोरखपुर से आज चले वाली 15048 गोरखपुर-कोलकाता एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • गोमतीनगर से आज चले वाली 15078 गोमतीनगर-कामाख्या एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • कोलकाता से आज चले वाली 15047 कोलकाता-गोरखपुर एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • कटिहार से आज चले वाली 15705 कटिहार-दिल्ली एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • जयनगर से आज चले वाली 14673 जयनगर-अमृतसर एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • मुजफ्फरपुर से आज चले वाली 19270 मुजफ्फरपुर-पोरबन्दर एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • बरौनी से आज चले वाली 02563 बरौनी-नई दिल्ली क्लोन विषेश गाड़ी निरस्त रही।
  • नई दिल्ली से आज चले वाली 02564 नई दिल्ली-बरौनी क्लोन विषेश गाड़ी निरस्त रही।
  • दरभंगा से आज चले वाली 02569 दरभंगा-नई दिल्ली क्लोन विशेष गाड़ी निरस्त रहेगी।
  • नई दिल्ली से आज चले वाली 02570 नई दिल्ली-दरभंगा विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • अमृतसर से आज चले वाली 05733 अमृतसर-कटिहार विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • भागलपुर से आज चले वाली 09452 भागलपुर-गांधीधाम विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • अमृतसर से आज चले वाली 15532 अमृतसर-सहरसा एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • आनन्द बिहार टर्मिनस से आज चले वाली 15274 आनन्द बिहार टर्मिनस-रक्सौल एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • अमृतसर से आज चले वाली 15212 अमृतसर-दरभंगा एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • गोरखपुर आ पाटलिपुत्र से आज चले वाली 15080/15079 गोरखपुर-पाटलिपुत्र एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • दरभंगा से आज चले वाली 15211 दरभंगा-अमृतसर एक्सप्रेस निरस्त रही।
  • गोरखपुर आ नरकटियागंज के बीच आज चले वाली 05040/05039 गोरखपुर- नरकटियागंज-गोरखपुर अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • गोरखपुर आ नरकटियागंज के बीच आज चले वाली 05096/05095 गोरखपुर-नरकटियागंज-गोरखपुर अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • गोरखपुर आ नरकटियागंज के बीच आज चले वाली 05498/05497 गोरखपुर- नरकटियागंज-गोरखपुर अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • नकहा जंगल आ नरकटियागंज से आज चले वाली 05450/05449 नकहा जंगल-नरकटियागंज- गोरखपुर अनारक्षित विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • बरौनी से आज चले वाली 15203 बरौनी-लखनऊ जं. एक्सप्रेस निरस्त रही।

परिवर्तित मार्ग से चलावल जाये वाला ट्रेन

  • बरौनी से आज चले वाली 02563 बरौनी-नई दिल्ली विशेष गाड़ी परिवर्तित मार्ग छपरा-गाजीपुर सिटी-वाराणसी-बनारस- प्रयागराज जं0-कानपुर सेण्ट्रल के रास्ते चलावल जाई।
  • नई दिल्ली से आज चले वाली 02564 नई दिल्ली-बरौनी विशेष गाड़ी परिवर्तित मार्ग कानपुर सेण्ट्रल-प्रयागराज जं0-बनारस-वाराणसी-गाजीपुर सिटी-छपरा के रास्ते चलावल जाई।
  • मुजफ्फरपुर से 11 सितम्बर, 2023 तक चले वाली 12557 मुजफ्फरपुर-आनन्द विहार टर्मिनस एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग छपरा-वाराणसी-सुल्तानपुर-लखनऊ के रास्ते चलावल जाई।
637270cookie-checkमुजफ्फरपुर-पोरबंदर- पूर्वांचल एक्सप्रेस सहित 24 ट्रेनें रद्द: 3 ट्रेनन के बदलल गइल रूट, इहां देखीं कैंसिल ट्रेनन के पूरा लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.