Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

23 मई 2023 के राशिफल

1,022

दिनांक-23/05/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्थी

 रात में 12 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- मंगर।

आद्रा नक्षत्र

दिन में 12 बजके 38 मिनट ले,

ओकरा बाद पुनवर्सु नक्षत्र।

 शूल जोग

दिन में 04 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद गण्ड जोग।

वणिज करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 24/05/2023

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

रात में 03 बजके 01 मिनट ले।

दिन- बुध।

पुनवर्सू नक्षत्र

दिन में 03 बजके 06 मिनट ले।

 गण्ड जोग

दिन में 05 बजके 19 मिनट ले।

 बव करण ।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के रउआ खातिर अच्छा रहे वाला बा। बेयपार-बेवसाय में कइयन गो नया रस्ता खुली। केहू अपना से बहुत दिनन के बाद मिले के होई। स्वास्थ ठीक रही। परिवार के सहजोग मिली। वाद-विवाद से दूर रहीं। पत्नी के स्वास्थ के चिंता बनल रही। कवनो नया वस्तु आज रउआ किन सकत बानी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन राउर सानदार रही। बेयपार-बेवसाय में नया पार्टनर सहजोगी लोगन के साथ मिली। घर परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। कवनो धार्मिक जतरा पs जाये के जोग बनी। पत्नी के स्वास्थ के धेयान रखीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ वाहन आदि चलावे में सावधानी बरतीं, दुर्घटना के जोग बन सकत बा। बेयपार-बेवसाय में कवनो बड़ा लेन देन अभी मत करीं। केहू के बड़ राशि उधार मत दीं। अपना बोली पs संयम रखी। बेकार के रिश्तन से बचके रहीं। वाद-विवाद से दूर रहीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज रउआ बेवसाय में कवनो परिचित के कारण नुकसान उठावे के पड़ सकत बा। आज कवनो लमहर जतरा आदि पs मत जाई। अपना स्वास्थ के धेयान रखीं। परिवारिक मतभेद से रउआ दूर रहीं। कवनो नया काम सुरू मत करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज रउआ कवनो विशेष व्यक्ति से मिले के होई। राउर कइयन दिनन से रुकल काम पूरा होई, जवना कारण मन प्रसन्न रही। परिवार में सब सदस्यन से संबंध मधुर होई। बेयपार में नया काम सुरू कs सकत बानी। कवनो धार्मिक जतरा पs जाये के जोग बनी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन अच्छा रहे वाला बा। आज रउआ कवनो नया वाहन भा मकान किन सकत बानी। कवनो अपना के घरे मांगलिक कार्यक्रम में जाये के होई। रउआ कवनो नया काम के योजना बना सकत बानी। परिवार के लोगन के सहजोग मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउआ अपना कवनो परिचित के स्वास्थ के लेके परेसान हो सकत बानी। मन अशांत रही। वाहन आदि चलावत घरी सावधानी रखीं। बेकार के वाद-विवाद से दूर रहीं। पत्नी से मतभेद खतम होई। रउआ कहीं बाहर घूमे जा सकत बानी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज रउआ अपना स्वास्थ्य में गिरावट महसूस होई। काम के अधिकता के कारण स्वभाव में चिड़चिड़ा पन बनल रही। बेयपार में अपनन के कारण बड़ नुकसान उठावे के पड़ सकत बा। बोली पs संयम रखीं। न्यायलय पक्ष में हानि उठावे के पड़ सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज रउआ कवनो नया बिजनेस सुरू कs सकत बानी। पार्टनरशिप में काम सोच विचार कs के करीं। वाहन आदि जिन सकत बानी। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम के जोग बनी। माता-पिता के स्वास्थ के लेके चिंतित रहीं। नौकरी आदि में आधिकारियन से पदोन्नति मिल सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज राउर मन प्रसन्न रही। आज रउआ अपना प्रिय से मिल सकत बानी। बेयपार-बेवसाय में रउआ नया साझेदारी सुरू कs सकत बानी। परिवार में मान-सम्मान बढ़ी। कवनो व्यक्ति विशेष से मिले के होई। पत्नी से मतभेद खतम होई। धार्मिक जतरा पs जा सकत बानी।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ अपना स्वास्थ के धेयान रखीं। खान-पान में सतर्कता बरतीं। केहू आपन के दुखद समाचार मिली। कवन बड़ डील विफल हो सकत बा। वाहन आदि के प्रयोग से बचीं। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 आज रउआ अपना कवनो परिचित के दुखद समाचार मिली। मन अशांत रही। आज रउआ कवनो बेयपार आदि में बड़ निर्णय मत लीं। पारिवारिक कलह के कारण मन दुखी रही। कवनो काम खातिर रउआ बाहर जाये के पड़ सकत बा। अपना स्वास्थ के खेयाल रखीं। वाहन आदि के चलावे में सावधानी बरतीं।

551410cookie-check23 मई 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.