[the_ad_group id="30365"]

23 मार्च 2025 के राशिफल

राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 दिनांक- 23/03/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष 

तिथि- नवमी

भोर के 05 बजके 38 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- अतवार।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

भोर के 04 बजके 18 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराषाढ़ा नक्षत्र।

वरीयान जोग

दिन के 05 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद परिघ योग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक-24/03/2025

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

भोर के 05 बजके 05 मिनट ले।

दिन- सोमार।

उत्तराषाढ़ा नक्षत्र

भाेर के 04 बजके 26 मिनट ले।

परिघ जोग

दिन के 04 बजके 44 मिनट ले।

वणिज करण।

 

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

यात्रा देशाटन में अपना वस्तुअन के सुरक्षा करीं। बेकार के उलझन हो सकत बा। काम के क्षेत्र में बाधा आई।
 
 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

संतान के बेवहार से चिंतित हो सकत बानी। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। बेकार के भाग-दउर रही।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बाबूजी भा घर के मुखिया के सहजोग मिली। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सफलता मिली। मौसम के रोग के लेके सचेत रहीं। सर्दी भा पेट के समस्या के आशंका बा।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जीवनसाथी के सहजोग रही। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

रचना के काम आगा बढ़ी। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल मेहनत सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सुधार होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई। रचना के कोसिस सफल होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

पारिवारिक ममिलन में तनाव मिल सकत बा। गलत संगत रउआ खातिर कष्टदायी हो सकत बा। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में सफलता मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

मैत्री संबंध प्रगाढ़ होई। बेवसायिक योजना के बल मिली। पारिवारिक दायित्व के पूर्ति होई। निजी संबंधन में प्रगाढ़ता आई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। दोसरा से सहजोग लेवे में सफलता मिली। धन, सम्मान, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

कइल गइल मेहनत सार्थक होई। धार्मिक भा सांस्कृतिक उत्सव में हिस्सेदारी रही। रिश्तन में मजबूती आई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित हो सकत बानी। चल भा अचल संपत्ति में बढ़न्ती होई। बेवसायिक योजना फलीभूत होई।

Read Also: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ पहिलकी मेहरारू के छोड़ फेर बदलले धर्म, अइसन रहे धर्मेंद्र आ हेमा के Love story

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]