[the_ad_group id="30365"]

23 मार्च 2023 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-23/03/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

सांझ के 06 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया।

दिन- बियफे।

रेवती नक्षत्र

दिन में 02 बजके 08 मिनट ले

ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।

ब्रह्म जोग

सबेरे के 06 बजके 15 मिनट ले,

ओकरा बाद इन्द्र जोग।

बालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 24/03/2023

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- तृतीया

दिन में 05 बजके 00 मिनट ले।

दिन- सुक।

अश्विनी नक्षत्र

दिन में 01 बजके 22 मिनट ले।

वैधृति जोग

रात में 01 बजके 43 मिनट ले।

गर करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

राहु, शुक्र आ चंद्र की युति भावुकता में बढ़न्ती करी। परिवार के संगे रहीं। धार्मिक पुस्तकन के अध्ययन आ काम रउआ खातिर सुखद होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

राहु, शुक्र आ चंद्र के युति भाई-बहिन भा कवनो प्रियजन से पीड़ा दे सकत बा। बेकार के भाग-दउर रही। आर्थिक ममिलन में जोखिम मत उठाई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। संतान के दायित्व के पूर्ति होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

बेवसायिक आ पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। भाग-दउर रही। उपहार भा सम्मान संभव बा। संतान के दायित्व के पूर्ति होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

दांपत्य जीवन सुख से भरल होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। बेकार के उलझनें रही। भाग-दउर रही। कवनो तरे के जोखिम मत उठाई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवनसाथी के भरपूर सहजोग मिली। विरोधी परास्त होई। रचना के काम में सफलता मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। कवनो अइसन घटना हो सकत बा, जवन रउआ हित में ना होखे। बेवसायिक व्यस्तता बढ़ी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

संतान के दायित्व के पूर्ति होई। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

रचना के काम में बढ़न्ती होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। चल भा अचल संपत्ति के ममिला में सफलता मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

दोसरा से सहजोग लेवे में सफलता मिली। रचना के कोसिस सफल होई। सामाजिक कामन में रुचि बढ़ी।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। रिश्तन में निकटता आई। धार्मिक भा सांस्कृतिक काम में रुचि लेम।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]