[the_ad_group id="30365"]

23 अगस्त 2023 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-23/08/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 03 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- बुध।

स्वाति नक्षत्र

दिन के 08 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद विशाखा नक्षत्र।

 ब्रह्म जोग

रात के 09 बजके 44 मिनट ले,

ओकरा बाद इंद्र जोग।

गर करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक-24/08/2023

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

रात के 03 बजके 10 मिनट ले।

दिन- बियफे।

विशाखा नक्षत्र

दिन के 09 बजके 04 मिनट ले।

इंद्र जोग

रात के 08 बजके 36 मिनट ले।

विष्टि करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन उतार चढ़ाव से भरल रही, बेवसाय में सहयोगियन से वाद-विवाद के इस्थिति बन सकत बा, बेयपार में बड़ लेन-देन सोच विचार कs के करीं, स्वास्थ्य पs ध्यान दीं, काम के अधिकता के कारण मानसिक तनाव बनल रही, परिवार के सहजोग मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज राउर रुकल काम पूरा हो सकत बानी, नया काम के योजना बनी, रउआ कवनो नया व्यक्ति से मिल सकत बानी, जवना से भविष्य के संभावना बनी। स्वास्थ ठीक रही, पत्नी के सहजोग मिली, परिवार में मान सम्मान बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज राउर दिन अच्छा रही। जदि रउआ कवनो नया काम सुरू कइल चाहत बानी तs रउआ कs सकत बानी, प्रॉपर्टी आदि में रउआ नया निवेश कs सकत बानी, परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई, राउर मन आध्यात्म के ओर झुकल रही, कवनो धार्मिक जतरा पs रउआ जा सकत बानी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

कवनो परिचित के संगे विवाद के कारण रउआ परेसान रह सकत बानी, अच्छा होई रउआ पारिवारिक विवाद से दूर रहीं, बेवसाय में कवनो नया परिवर्तन आज मत करीं, ना तs नुकसान उठावे के पड़ सकत बा, परिवार में अपनन से बेवहार ठीक रखीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज रउआ कवना काम के लेके परेसान रह सकत बानी, विरोधियन से नुकसान उठावे के पड़ सकत बा, लमहर जतरा पs जाये से बचीं, वाहन आदि के उपयोग सावधानी से करीं , काम के क्षेत्र में सहयोगियन से मतभेद मत बधाई, ना तs हानि होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

राउर आज के दिन अच्छा रहे वाला बा, कवनो बड़ आयोजन में जाये के होई, रउआ अपना बेवसाय में कुछ परिवर्तन कs सकत बानी। बेयपार आदि में पार्टनरशिप से लाभ होई ,परिवार के सहजोग मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिने राउर स्वास्थ अच्छा रहे वाला बा। रउआ कवनो नया मकान जमीन के खरीदारी कs सकत बानी, आज कवनो विशेष काम से रउआ बाहर जाये के पड़ सकत बा,परिवारिक विवाद से आज रउआ दूर रहीं, ना तs हानि उठावे के पड़ सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

राउर आज के दिन सामान्य रही, कवनो नया काम आज सुरू कs सकत बानी, कवनो परिचित व्यक्ति के कारण रउआ कवनो विवाद में फंस सकत बानी, परिवार में कवनो मांगलिक काम के जोग बनी, घर में कवनो नया मेहमान आ सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ वाहन आदि चलावे में सावधानी बरती, कवनो काम के बहुत दिनन से सोच रहल बानी, तs आज उ काम पूरा होई, न्यायालय पक्ष के काम में रउआ नुकसान उठावे के पड़ सकत बा, वाणी पs संयम रखीं, वाद-विवाद के इस्थिति में आपन बचाव करीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन रउआ कवनो सुखद समाचार मिली, परिवार में मांगलिक कार्यक्रम के जोग बनी, रउया कवनो नया निवेश बेयपार बेवसाय में कs सकत बानी, पत्नी के स्वास्थ खराब हो सकत बा, परिवारिक माहौल अच्छा रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रहे वाला बा, रउआ कवनो बेवसाय सुरू कs सकत बानी भा बेयपार में कवनो बड़ परिवर्तन कs सकत बानी, काम के क्षेत्र में पार्टनरन के अच्छा सहजोग मिले से लाभ होई , पत्नी आ परिवार के पूर्ण सहजोग प्राप्त होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 आज के दिन राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा। रउआ परिवार के कवनो सदस्य के कारण परेसानी में पड़ सकत बानी, संतान के चिंता बनल रही, बेयपार-बेवसाय में सहयोगियन से मतभेद बढ़ सकत बा, आज रउआ कवनो नया काम खातिर विचार कs सकत बानी, परिवारिक विवाद से दूर रहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]