[the_ad_group id="30365"]

कारवाई: सट्टेबाजी आ कर्ज वाला 232 ऐप भईले सs बैन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकार पिछला साल करीब 54 गो चीनी ऐप के बैन कई देले रहे । ई कूल्ह ऐपन से भारत के खतरा पैदा होत रहे ।बैन कईल गइल ऐपन में पापुलर गरेना,फ्री फायर अउरी ऐपलॉक ऐप भी शामिल रहे । जून 2020 में भी भारत टिकटोक, वीचैट अउरी हेलो सहित 59 चीनी मोबाइल ऐप के बैन कई देले रहे।

केद्र सरकार एक हाली फेरु से कई चीनी कम्पनियन के एप पs बैन लगवले बिया | ताजा रिपोर्ट्स के मोताबिक केंद्र सरकार चीनी कनेक्शन सोझा आइले के बाद से करीब 232 गो मोबाईल ऐप के बैन कई देले बिया | एह में 138 गो ऑनलाइन सट्टा खेलावे वाला आ 24 गो अनधिकृत रूप से करजा देबे वाला ऐप शामिल बाड़े सs | इलेक्ट्रोनिक्स आ सुचना प्रोधोगिकी मंत्रालय से एह ऐपन के बैन करे के सिफारिस  कइल गईल रहे |एकरा बाद मंत्रालय ई फसिला लेले बा | गृह मंत्रालय के अनुसार ,इलेक्ट्रोनिक्स आ सुचना प्रोद्योगिकी मंत्रालय से मिलल इनपुट के बाद एह ऐपन के जांच सुरु कईल गईल | पाता चलल बा कि एह ऐपन पs भारत के सम्प्रभुता आ अखंडता के नोकसान पहुँचावे वाला कंटेंट मवजुद बा | इ आईटी एक्ट के धारा -69 के तहत अपराध के कटेगरी आवेला |

जांच में इहो पाता चलल  कि इ ऐप लोगन के लोन लेबे आ सट्टा खेल के लाखन रुपयन  के जीते के लालच देत रहले | बाद में करज ना चुका पवले पs ओह लोगन के गंदा-गंदा मैसेज भेजत रहले आ ओह लोगन के फोटो के साथ छेड़छाड़ कईके ओकरा के वायरल करे के धमकी देत रहले | एकरा से परेशान होके आंध्र प्रदेश आ तेलंगाना के बहुते लोग आत्महत्या कई लेले रहे लोग |

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]