दिनांक-22/10/2023
श्री गणेशाय नम:
आज के पंचांग
आश्विन शुक्ल पक्ष
तिथि- अष्टमी
सांझ के 05 बजके 25 मिनट ले,
ओकरा बाद नवमी।
दिन- अतवार।
उत्तराषाढ़ा नक्षत्र
सांझ के 05 बजके 18 मिनट ले,
ओकरा बाद श्रवण नक्षत्र।
धृति जोग
रात के 09 बजके 21 मिनट ले,
ओकरा बाद शूल जोग।
विष्टि करण।
महाअष्टमी व्रतम्।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 23/10/2023
आश्विन शुक्ल पक्ष
तिथि- नवमी
दिन के 03 बजके 10 मिनट ले।
दिन- सोमार।
श्रवण नक्षत्र
दिन के 03 बजके 46 मिनट ले।
शूल जोग
सांझ के 06 बजके 22 मिनट ले।
कौलव करण।
महानवमी व्रतम्।
बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।
आजीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। बेवसायिक योजना फलीभूत होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। कइल गइल कोसिस सार्थक होई।


स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिलन में प्रगति होई। शिक्षा के क्षेत्र में सफलता मिली।










