Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

22 अप्रिल 2022 के राशिफल

299
सीवान इन्शुरेंस 720 90

दिनांक- 22/04/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 वैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि-षष्ठी

दिन में 11 बजके 52 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन-सुक।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

रात के 11 बजके 19 मिनट ले।

ओकरा बाद उत्तराषाढ़ा नक्षत्र।

शिव जोग

दिन में 10 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद सिद्ध जोग।

वलव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 23/04/2022

वैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

दिन में 09 बजके 28 मिनट ले।

दिन-सनिचर।

Middle Yayawari

उत्तराषाढ़ा नक्षत्र

रात के 09 बजके 45 मिनट ले।

सिद्ध जोग

 सुबह में 07 बजके 13 मिनट ले।

वव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेकार के भाग-दउर रही। संघतिया से मतभेद हो सकेला। बेवसायिक पक्ष मजबूत होई। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। बेवसाय में लाभ होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव सुरू हो सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मानसिक तनाव सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला में सुधार होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। चोट लगला के संभावना बन सकत बा। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। चोट लागे के संभावना बन सकत बा। भाग-दउर रही। जतरा के संजोग बनी। अचके कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। बेकार के खरचा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। खीस पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। नौकरी में बढ़न्ती होई।  शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी। माई-बाबूजी के सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। नौकरी में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। अचके परेसानी सुरू हो सकेला।
244080cookie-check22 अप्रिल 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.