21 अगस्त 2025 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2025

दिनांक- 21/08/2025 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग भाद्रपद कृष्ण पक्ष तिथि- त्रयोदशी दिन के 12 बजके 45 मिनट ले, ओकरा बाद चतुर्दशी। दिन- बियफे। पुष्य नक्षत्र रात के 12 बजके 08 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 21/08/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

दिन के 12 बजके 45 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- बियफे।

पुष्य नक्षत्र

रात के 12 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद आश्लेषा नक्षत्र।

व्यातीपात जोग

दिन के 04 बजके 14 मिनट ले

ओकरा बाद वरीयान जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 22/08/2025

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

दिन के 11 बजके 56 मिनट ले।

दिन- सुक।

आश्लेषा नक्षत्र

रात के 12 बजके 16 मिनट ले।

वरीयान जोग

दिन के 02 बजके 35 मिनट ले।

शकुनि करण।

आज के राशिफल (Rashifal)

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन उत्साह से भरल रही। कार्यक्षेत्र में नया अवसर मिल सकत बा। धन लाभ के जोग बा, बाकिर खर्चा बढ़ सकत बा। परिवार में सौहार्द बनल रही। स्वास्थ्य के धेयान रखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज रउआ धैर्य से काम लेवे के होई। नौकरीपेशा लोगन के काम में सफलता मिली। विद्यार्थियन खातिर दिन अनुकूल बा। दांपत्य जीवन में मधुरता बढ़ी। आर्थिक इस्थिति बेहतर होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

भाग्य राउर साथ दिही। रुकल काम पूरा होई। नौकरी भा बेवसाय में प्रगति के संकेत बा। नया लोगन से मुलाकात फायदेमंद रही। जीवनसाथी के सहजोग मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज रउआ स्वास्थ्य के विशेष ध्यान रखे के आवश्यकता बा। मानसिक तनाव हो सकत बा। बेवसाय में सावधानी बरतीं। पईसा के ममिला में सोच-समझके निर्णय लीं। परिवार के सहजोग मिली।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राउर मेहनत रंग लाई। कार्यस्थल पs पदोन्नति भा सम्मान मिल सकत बा। संतान के ओर से सुभ समाचार मिली। नया निवेश खातिर समय सुभ बा। दांपत्य जिनगी सुखद रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

घर-परिवार में कवनो मांगलिक काम होखे के संभावना बा। कार्यक्षेत्र में सहकर्मियन के सहजोग मिली। स्वास्थ्य सामान्य रही। धन प्राप्ति के जोग बा। जतरा सुभ रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन मध्यम रही। कवनो पुराने संघतिया से मुलाकात हो सकत बा। नौकरीपेशा लोगन के नया जिम्मेदारी मिली। खर्च पs नियंत्रण रखीं। पारिवारिक जिनगी सुखद रही।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

राउरा बोली के मिठास से संबंध मजबूत होई। बेवसाय में लाभ होई। संतान पक्ष से खुशी मिली। भूमि-भवन संबंधी काम सफल होई। मानसिक शांति बनल रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य राउर साथ दी। लमहर समय से रुकल काम पूरा होई। धार्मिक कामन में रुचि बढ़ी। विद्यार्थियन के सफलता मिली। परिवार में खुसहाली रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज रउआ मेहनत के पूरा फल मिली। पदोन्नति भा आय में बढ़न्ती हो सकत बा। माई-बाबूजी के आसीरबाद मिली। जतरा में लाभ होई। स्वास्थ्य के ध्यान रखीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

नया अवसर मिली। नौकरीपेशा लोगन के प्रमोशन के संभावना बा। बेयपार में बढ़न्ती हाेई। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। परिवार के माहौल सुखद रही।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज राउर आत्मविश्वास बढ़ी। कार्यक्षेत्र में सफलता मिली। प्रेम संबंधन में प्रगाढ़ता आई। संतान से सुभ समाचार मिली। धन लाभ होई।

Read Also : Asia Cup Hockey : एशिया कप खातिर भारतीय हॉकी टीम के एलान, लाकड़ा आ दिलप्रीत के मिलल जगह; देखी स्क्वॉड

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.