20 मार्च 2023 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2023

दिनांक-20/03/2023 श्री गणेशाय नम:   आज के पंचांग चैत्र कृष्ण पक्ष तिथि- चतुर्दशी रात में 01 बजके 47 मिनट ले, ओकरा बाद अमावस्या। दिन- अतवार। शतभिषा नक्षत्र रात में 07 बजके 390मिनट ले ओकरा बाद

Share

दिनांक-20/03/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

रात में 01 बजके 47 मिनट ले,

ओकरा बाद अमावस्या।

दिन- अतवार।

शतभिषा नक्षत्र

रात में 07 बजके 390मिनट ले

ओकरा बाद पूर्वभाद्रपद नक्षत्र।

साध्य जोग

दिन में 04 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद शुभ जोग।

विष्टि करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 21/03/2023

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

रात में 10 बजके 53 मिनट ले।

दिन- मंगर।

पूर्वभाद्रपद नक्षत्र

दिन में 05 बजके 25 मिनट ले।

शुभ जोग

दिन में 12 बजके 41 मिनट ले।

चतुष्पद करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

यात्रा देशाटन में अपना वस्तुअन के सुरक्षा करीं। बेकार के उलझन हो सकत बा। काम के क्षेत्र में बाधा आई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

संतान के बेवहार से चिंतित हो सकत बानी। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। बेकार के भाग-दउर रही।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बाबूजी भा घर के मुखिया के सहजोग मिली। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सफलता मिली। मौसम के रोग के लेके सचेत रहीं। सर्दी भा पेट के समस्या के आशंका बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जीवनसाथी के सहजोग रही। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

रचना के काम आगा बढ़ी। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल मेहनत सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सुधार होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई। रचना के कोसिस सफल होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

पारिवारिक ममिलन में तनाव मिल सकत बा। गलत संगत रउआ खातिर कष्टदायी हो सकत बा। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में सफलता मिली।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

मैत्री संबंध प्रगाढ़ होई। बेवसायिक योजना के बल मिली। पारिवारिक दायित्व के पूर्ति होई। निजी संबंधन में प्रगाढ़ता आई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। दोसरा से सहजोग लेवे में सफलता मिली। धन, सम्मान, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

कइल गइल मेहनत सार्थक होई। धार्मिक भा सांस्कृतिक उत्सव में हिस्सेदारी रही। रिश्तन में मजबूती आई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित हो सकत बानी। चल भा अचल संपत्ति में बढ़न्ती होई। बेवसायिक योजना फलीभूत होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.