[the_ad_group id="30365"]

बिहार पुलिस परीक्षा में धांधली गिरोह के 20 सदस्य गिरफ्तार: छपरा में एगो महिला परीक्षार्थी धराइल, अंडर गारमेंट्स में डिवाइस छिपाके करावल जात रहे नकल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण जिला में पुलिस भर्ती परीक्षा के दौरान कदाचार में एगो महिला सहित 21 लोगन के कइले बिया। 21 लोगन में से सब लोग अलग-अलग तरीका से चोरी करत पुलिस आ प्रशासन के हत्था चढ़ गइल। एक साथे 21 लोगन के गिरफ्तारी पुलिस के बड़ सफलता मानल जा रहल बा।

ओकनी लगे से चोरी करे के इलेक्ट्रॉनिक डिवाइस के संगे कइयन गो कागज बरामद कइल गइल बा। पुलिस सब लोगन के गिरफ्तार कs के न्याय प्रक्रिया के तहत जेल भेजे के तइयारी में जुट गइल बिया। गिरफ्तार लोगन में से कुछ लोग परीक्षार्थीयन के चीटिंग करे वाला गिरोह के लोगो सम्मिलित बा।

एगो महिला परीक्षार्थी सहित 21 लोग गिरफ्तार

गिरफ्तारी के बारे में जानकारी देत एसपी गौरव मंगला बतवलें कि समूचा सारण जिला से 21 लोगन के कदाचार के प्रयास करत गिरफ्तार कइल गइल बा। एमे से 11 लोग के फ्रिस्किंग के दौरान इलेक्ट्रॉनिक आइटम के संगे गिरफ्तार कइल गइल बा। परीक्षा केंद्रन के भीतर चिट पुर्जा के संगे कदाचार करत 7 लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा।

फर्जी प्रमाण पत्र के आधार पs परीक्षा देत दु लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा। जबकि एगो व्यक्ति के परीक्षा केंद्र से बाहर वॉकी टॉकी से प्रश्नन के उत्तर देत गिरफ्तार कइल गइल बा। गिरफ्तार लोगन के लगे से 10 ईयर पीस (ब्लूटूथ) 8 एन्टी जैमर डिवाइस, एगो वॉकी टॉकी आ आउर समान बरामद भइल बा।

ई सब इलेक्ट्रॉनिक डिवाइस में मख्खी ब्लूटूथ कान में आ जैमर डिवाइस के जादेतर अपना अंडर गारमेंट्स में छिपाके रखले रहे लो। वॉकी टॉकी के माध्यम से प्रश्नन के जबाब दिहल जात रहे।  एमे गिरफ्तार लोगन मे एगो महिला परीक्षार्थी रहे जवन इलेक्ट्रॉनिक डिवाइस के माध्यम से चोरी करत रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]