[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के सरकारी स्कूल में खाना में मिलल कीड़े: मिड-डे-मील के खाना खाते 20 लईका पड़लें सs बेमार; राजमा-आलू के सब्जी में मोट-मोट कीड़ा तइरते मिललें सs 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में एगो हैरान करे वाला ममिला सामने आइल बा। इहां कंपोजिट पूर्व माध्यमिक विद्यालय सराय गुलरिहा में दुपहरिया के भोजन में राजमा-चावल परोसल गइल। राजमा में कीड़ा पड़ल रहे। लईका थाली में खाना आवते कीड़न के देख उल्टी कइल सुरू कs देलें सs। ओकनी के नजदीकी अस्पताल भेजल गइल बा।

लईकन के बेमार पड़तही ई घटना आग के तरे पूरा क्षेत्र में फइल गइल। सूचना मिलतही आला अधिकारी मवका पs पहुंच गइल लो। एह दौरान लईकन के अभिभावक स्कूल पहुंचके हंगामा कइल सुरू कs दिहल। चरगांवा के बालापार स्कूल में एही भोजन के पहुंचला के खबर मिल रहल बा।

अक्षय पात्र फाउंडेशन पहुंचवलें रहे खाना

दरअसल, नगर क्षेत्र आ चरगांवा क्षेत्र में मध्याह् भोजन वितरण के जिम्मेदारी अक्षय पात्र फाउंडेशन के दिहल गइल बा। सनीचर के सबेरे 11 बजे एजेंसी के कर्मचारी कंपोजिट पूर्व माध्यमिक विद्यालय सराय गुलरिहा में भोजन लेके पहुंचल रहे लो। भोजन करतही स्कूल में मवजूद​ कवनो लईका के पेट में दर्द सुरू हो गइल तs केहू के उल्टी होखे लागल। जबकि, कइयन गो लईका भोजन करतही चक्कर आवे के शिकायत कइल लो।

खाना के कंटेनर चेक कइला पs रेंगते मिलले सs कीड़ा

एकरा बाद स्कूल के कर्मचारियन आ शिक्षक जब भोजन के चेक कइल लो तs ऊ लोग हैरान रह गइल। राजमा-आलू के सब्जी में मोट-मोट कीड़ा तइरत मिलल। बर्तन में चारो तरफ कीड़ा रेंगत मिलल। हालांकि, कुछ लईकन के बेमार पड़तही स्कूल में अफरातफरी मच गइल। बाकी लईका भोजन ना कइल लो।

कीड़ा वाला भोजन के कंटेनर लेके भागे लगलें सs कर्मचारी

सहायक अध्यापक संतोष मिश्रा बतवलें, लईकन के तबीयत खराब होखे आ भोजन के कंटेनर में कीड़ा मिलला के बाद तत्काल एकर सूचना ग्राम प्रधान आ शिक्षा विभाग के असफरन के दिहल गइल। ओहिजा, एकर सूचना पावतही ग्रामीण मवका पs जुट गइल लो आ ऊ आक्रोशित हो गइल लो। एह दौरान अक्षय फाउंडेशन के कर्मचारी उहां से कीड़ा वाला भोजन के कंटेनर हटावे के कोसिस कइल लो। बाकिर, ग्रामीण लोग कंटेनर ना ले जाये दिहल।

मीडिया से उलझ गइल लो एजेंसी के कर्मचारी

जबकि, सूचना पाके पहुंचल मीडिया कर्मियन से एजेंसी के कर्मचारी उलझ गइल लो। बाकिर, ममिला तूल पकड़ला से पहिले पुलिस मवका पs पहुंच गइल लो। सब लईकन के प्राथमिक स्वास्थ केंद्र चरगांवा भेजल गइल बा। जहां उनकर इलाज चल रहल बा। बेमार लईकन में अर्चना (8), प्रियंका (8), दुर्गा (7), अनुष्का (8) समेत करीब 20 लईकन के अस्पताल भेजल गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]