[the_ad_group id="30365"]

बिहार में नेशनल हाई-वे प फायरिंग…1 के मौत, 9 घायल: 30KM तक गोली चलावत निकलले 2 बाइक सवार; जे मिलल शूट करत गइले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के बेगूसराय जिला में हाई-वे पs बाइक सवार दु गो बदमाश लगभग 30 किलोमीटर तक पिस्टल से ताबड़तोड़ फायरिंग कइले। एमे तेघरा थाना क्षेत्र के अयोध्या चौक के लगे गोली लगला से एगो शख्स के सड़के प मौत हो गइल। वारदात में बछवाड़ा, फुलवरिया, बरौनी आ चकिया इलाकन में 8 आउर लोग घायल हो गइल बा। सभे के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

घायलन के असप्ताल में भर्ती करावल गइल

 

गोलीबारी के घटना से आसपास के इलाकन में अफरातफरी के माहौल पैदा हो गइल। गोलियन के तड़तड़ाहट सुनके लोग आपन जान बचाके एने-ओने भागे लागल लो। जबकि बाइक सवार अपराधी हथियार लहरावत फायरिंग करत आगे बढ़त रहले। लोग बदमाशन के साइको किलर बता रहल बा लो। अपराधी फायरिंग करत समस्तीपुर कावर भाग गइले।

मृतक के पहचान बरौनी थाना क्षेत्र के पिपरा गांव के रहनिहार चंदन कुमार के तौर प भइल। ओहिजा घायलन में पटना के बाढ़ के रहे वाला विशाल सोलंकी, मोकामा के रहनिहार रंजीत यादव, बेगूसराय के फुलवरिया निवासी नितेश कुमार, तेयाय के गौतम कुमार, बरौनी के अमरजीत कुमार, मंसूरचक के नीतीश कुमार, मरांची के रहे वाला मोहन राजा के अलावे प्रशांत कुमार रजक आ भरत यादव बा लो।

बेगूसराय के एसपी योगेंद्र कुमार बतवले कि घटना में एगो व्यक्ति के मौत भइल बा। सब थानन के पुलिस के अलर्ट कर दिहल गइल बा। जगे-जगे वाहन चेकिंग लगावल गइल बा। एगो मोटरसाइकिल प सवार दु लोग एह घटना के अंजाम देले बा लो, जे साइको किलर प्रतीत हो रहल बा लो।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]