[the_ad_group id="30365"]

रेड मारे से पहिले माफिया के अलर्ट करे वाला 19 जवानन के हटावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में शराबबंदी के बीचे माफिया आ धंधेबाज शराब के अवैध बिक्री करे में जुटल बा लो। मुजफ्फरपुर में एह धंधेबाजन के धरे खातिर बनल उत्पाद विभाग के जवानन के शराब माफिया से सांठगांठ सामने आइल बा। उत्पाद थाना में तैनात होमगार्ड के 19 जवानन के हटा दिहल गइल बा। ई जवान शराब के ठिकानन पs छापेमारी से पहिलही सूचना के लीक कs देत रहे लो। जवना चलते शराब माफिया आ धंधेबाज सतर्क हो जाइल करत रहले। ओकरा बदला में ई लोग पईसा लेत रहे। ई खेल पिछला 6 महीना से चलत रहे।

उत्पाद अधीक्षक होमगार्ड समादेष्टा के पत्र लिखके दु महीना से जादे समय से तैनात होमगार्ड जवानन के हटावे के मांग कइले रहस। ओह लोग के जगे पs दोसर जवानन के नियुक्ति देवे के अपील कइल गइल। ओकरा बाद उत्पाद अधीक्षक 19 जवानन के ड्यूटी से मुक्त कs देले। मुजफ्फरपुर उत्पाद थाना में कुल 88 होमगार्ड जवान तैनात बा लो।

कार्यमुक्त कइला के आदेश जारी होखते जवान थाना में अधिकारियण से भीड़ गइल लो। इस्तिथी के बिगड़त देख के सैप जवान हालात के संभारल लो आ ओह लो के शांत करावल।

जवानन द्वारा लगावल गइल उत्पाद अधिकारियन पs थाना में शराब बेंचे के आरोप, डीएम से कइल गइल शिकायत

हटावल गइल जवानन द्वारा उत्पाद अधिकारियन पs थाना से शराब बेंचे आ माफिया से सांठगांठ राखे के आरोप लगावल गइल। चार जवान वीडियो बनाके सोशल मीडिया पs वायरल कs दिहले। एमे ऊ लोग कह रहल बा कि उत्पाद विभाग के अधिकारी लो थाना से माफिया से वसूली कs के छोड़ देवेला लो। थाने से शराब बेंचेला लो आ विरोध कइला पs महिला जवानन से गाली-गलौज करेला लो। एकर शिकायत जवानन द्बारा डीएम से कइल गइल बा।

ओइसे, उत्पाद निरीक्षक संजय कुमार राय एह आरोपन के सिरा से नकार देले बाड़े। उनकर कहनाम बा कि थाना से शराब बेंचे जे आरोप झूठ बा। थाना में सीसीटीवी कैमरा लागल बा, जेकर कमान मुख्यालय के हाथ में बा। सीसीटीवी फुटेज से ई आरोप बेबुनियाद साबित हो जाई।

साभार: श्रीनारद मीडिया

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]