Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

18 नवंबर 2022 के राशिफल

638

दिनांक- 18/11/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

समस्त।

दिन- सुक।

पूर्वाफाल्गुनी नक्षत्र

रात में 08 बजके 50मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र।

वैधृति जोग

रात में 11 बजके 50 मिनट ले,

ओकरा बाद विष्कुंभ जोग।

वव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 19/11/2022

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

दिन में 07 बजके 05 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र

रात में 10 बजके 07 मिनट ले ।

विष्कुंभ जोग

रात में 11 बजके 12 मिनट ले।

विष्टि करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

सफलता निचिका होखला के बावजूद राउर ऊर्जा स्तर में गिरावट आई। सहभागी व्यवसाय आ जोड़ तोड़ वाली आर्थिक योजनन में निवेश मत करीं। ममिलन के सुलझाने के कोसिस करत घरी योजनन आ दृष्टिकोण में बदलाव हो सकत बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज रउआ ऊर्जावान महसूस करेम। आज के दिन रउआ खातिर फायदेमंद रही। एह राशि के छात्रन खातिर आज करियर में एगो नया बदलाव देखे के मिली। स्वास्थ्य बेहतर बनल रही। कुछ नियमित व्यायाम में नया व्यायाम शामिल करेंम।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

कार्यक्षेत्र में आज रउआ अपना बॉस के खुश करे खातिर बेसी मेहनत कइल पड़ सकत बा। नया रिश्ता विनाशकारी हो सकत बा। आमदनी में बढ़न्ती होखला के संभावना बा। ओहिजा, खर्चो बढ़ सकत बा। बेरोजगार लोगन खातिर ई दिन कुछ अच्छा संकेत दे रहल बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 स्वार्थी आदमी से बचे के पूरा कोसिस करीं, काहेकि ऊ रउआ के तनाव दे सकत बा। आज रउआ निम्मन पईसा कमाएम  -बाकिर खर्चन में बढ़न्ती रउआ खातिर बचत कइल आउर कठिन बना दीं। अपना जिनगी में संगीत बनाईं, समर्पण के मूल्य के समझीं आ अपना दिल में प्यार आ कृतज्ञता के पनपे दीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर दिन सामान्य रही। आज रउआ कवनो कार्यक्रम में शामिल हो सकत बानी। एह राशि के भाई-बहिन मंदिर में भगवान के दर्शन करे जा सकत बा लो। आज पईसन के लेन-देन से दूर रहीं। सावधानीपूर्वक योजना आ योजना के बादे आगे बढ़ीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज राउर सब कष्ट समाप्त हो जाई, पारिवारिक जिनगी में रउआ एगो सुनहरा पल मिली। रउआ परिवार में खुशियन के आगमन होई। रउआ परिवार के सदस्यन के सब सुख-सुविधाएं देंम। रउआ खुद के ऊर्जा से भरपूर महसूस करेंम।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक सुधार निश्चित बा। घर में साफ-सफाई के बहुत जरूरत बा। हर बेर के तरे एह काम के अगिला बेर खातिर मत टारी आ तइयार हो जाईं। काम में आवे वाला बदलावन से रउआ लाभ मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन रउआ ला शानदार रही। आज पारिवारिक संबंध मजबूत होई। तनिका स मेहनत से रउआ अपना लक्ष्य के आसानी से प्राप्त कर सकत बानी। बेवसायिक कामन खातिर आज के दिन बेहतर बा। आज रउआ आसपास के लोगन के मंशा आसानी से समझ में आ जाई। आज उच्चाधिकारियन से बातचीत हो सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज राउर काम कम समय में पूरा होई। राउर रुकल पईसा वापस मिल सकत बा। जल्दिये रउआ कवनो बड़ खुशखबरी सुने के मिल सकत बा। राउर मेहनत आ लगन के बल प आपन उच्च अधिकारियन के खुश करे में सफल रहेम।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

खाली एक दिन के धेयान में रखके जिये के अपना आदत प नियंत्रण रखीं आ मनोरंजन प बेसी समय आ पईसा खर्च मत करीं। लईकन से जुड़ल समस्या के सुलझावे खातिर कुछ समय निकालीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज राउर धेयान अध्यात्म के ओर बेसी रही। घर में धार्मिक कामन के आयोजन हो सकत बा। घर में सुख-समृद्धि बनल रही। बेयपार क्षेत्र के वातावरण अनुकूल बनल रही। सब काम बिना कवनो रुकावट के पूरा होई। परिवार के सदस्यन के संगे संबंधन में सुधार होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रउआ सेहत के लेके चिंता कइला के जरूरत नइखें, जवना काम के करे के रउआ बहुत समय से सोचत बानी, ओकरा के शुरू क दीं। रउआ अगरी-कगरी के लोग रउआ के प्रोत्साहित करी आ सराही।

383890cookie-check18 नवंबर 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.