[the_ad_group id="30365"]

18 मार्च 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-18/03/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

रात के 10 बजके 49 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- सोमार।

आद्रा नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद पुनर्वसु नक्षत्र।

सौभाग्य जोग

दिन के 04 बजके 36 मिनट ले,

ओकरा बाद शोभन जोग।

बालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 19/03/2024

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

रात के 12 बजके 22 मिनट ले।

दिन- मंगर।

पुनर्वसु नक्षत्र

रात के 08 बजके 10 मिनट ले।

शोभन जोग

दिन के 04 बजके 36 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक मामिला में सफलता मिली। संघतिया लोगन के सहजोग मिली। कवनो महत्व के काम पूरा होई। नौकरी के क्षेत्र में प्रगति होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। शिक्षा के क्षेत्र में बाधा हो सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

घर के काम में व्यस्त रहब। सम्मान बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

धार्मिक काम के लेके जागरूकता रही। बियहल जिनगी सुख से भरल रही। शिक्षा के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भाग दउर रही। बेकार के खरचा के इस्तिथि बन सकेला। सावधान रहीं। बेवसायिक मामिला में सुधार होई। खीस पs लगाम राखीं। वाद विवाद से बांची। नुकसान हो सकेला।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ पs धेयान दीं। अचके कुछ लाभ हो सकेला।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

माई के स्वास्थ में बाधा बन सकेला। भाग दउर रही। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

खीस पs लगाम राखीं। वाद विवाद से बांची। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकेला। भाग दउर रही। उपहार भा सम्मान बढ़ी। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

 वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। बेवसायिक कोसिस सफल रही। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में मन लागी। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। धन यश कीर्ति बढ़ी। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकेला। भाग दउर रही। आत्म बल के जगाई ना तs नुकसान हो सकेला। बेकार के आवाजाही रही।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके धेयान दीं। मानसिक तनाव हो सकेला। भाग दउर रही। कवनो काम के योजना बनी। संघतिया लो के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान के सुख मिली। शिक्षा के क्षेत्र में प्रगति होई। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। कवनो सुख से भरल समाचार मिली।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]