Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

18 अप्रिल 2022 के राशिफल

277

दिनांक- 18/04/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 वैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वितीया

रात के 09 बजके 1o मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया ।

दिन-सोमार।

स्वाती नक्षत्र

सुबह के 06 बजके 55 मिनट ले।

ओकरा बाद विशाखा नक्षत्र।

सिद्धि जोग

रात के 10 बजके 16 मिनट ले,

तैतिल करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 19/04/2022

वैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- तृतीया

रात के 07 बजके 02 मिनट ले।

दिन-मंगर।

विशाखा नक्षत्र

सुबह के 05 बजके 41 मिनट ले।

व्यतिपात जोग

रात के 07 बजके 25 मिनट ले।

वलव करण।

त्रिदण्डी स्वामी जयन्ती, बक्सर (बिहार)

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेकार के भाग-दउर रही। संघतिया से मतभेद हो सकेला। बेवसायिक पक्ष मजबूत होई। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। बेवसाय में लाभ होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकेला। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरू हो सकेला।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। नौकरी में लाभ होई। स्वास्थ से जुड़ल लाभ होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। लईकन के स्वास्थ पs खास धेयान दीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला में सावधानी बरती। बेवसाय में लाभ होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई।स्वास्थ के लेके धेयान दीं। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला में सावधान रहीं। बेवसाय में लाभ होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई।  शिक्षा में बढ़न्ती होई। अचके कुछ लाभ भेंटी। जतरा के संजोग बन रहल बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

मानसिक तनाव बनी। छोट-छोट परेसानी बनत रही। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान सुख मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन-साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। कवनो सुखद समाचार मिली।
242610cookie-check18 अप्रिल 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.