Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अमेरिका के स्कूल में फायरिंग : 18 साल के छात्र पहिले दादी के मरलस गोली,

ओकरा बाद स्कूल पहुंचल अवुरी 19 बच्चा समेत 21 लोग के हत्या क देलस

292

अमेरिकी राज्य टेक्सास से मंगल का दुपहरिया में दिल दहला देबे वाला खबर आइल बा. टेक्सास के युवाल्डे के रॉब एलिमेंटरी स्कूल में एगो 18 साल के युवक गोलीबारी क देहलस। ए हमला में 19 छात्र अवुरी 2 शिक्षक के मौत हो गईल। फायरिंग में 13 बच्चा, स्कूल के कर्मचारी अवुरी कुछ पुलिसकर्मियो घाही हो गईले। हमलावर स्कूल में गोली चलावे से पहिले अपना दादी के गोली मार देले रहे। उनुका के हवाई जहाज से अस्पताल पहुंचावल गईल बा।

घटना के बाद राष्ट्र के संबोधित करत राष्ट्रपति बाइडेन कहले कि, एगो राष्ट्र के रूप में हमनी के पूछे के चाही कि हमनी के बंदूक के लॉबी के खिलाफ कब खड़ा होके जवन करे के चाही, उ करब। माई-बाप अपना बच्चा के कबो ना देखीहे। बहुते आत्मा आजु कुचल गइल बा. समय आ गइल बा कि हमनी का एह दर्द के काम में बदल दीं.

पुलिस अधिकारी हमलावर के हत्या करे के दावा कईले। उनुका पहचान के बारे में अभी तक कुछूओ साफ नईखे। बतावल जा रहल बा कि हमलावर खुदे छात्र बा। टेक्सास के एगो स्कूल में फायरिंग के ई घटना साल 2012 में कनेक्टिकट में भइल फायरिंग के तरे बा. 14 दिसंबर 2012 के कनेक्टिकट के न्यूटाउन में सैंडी हुक एलिमेंटरी हाई स्कूल में एगो 20 साल के युवक गोलीबारी कईलस। एह हमला में 26 लोग के मौत हो गइल जवना में से 20 गो बच्चा रहले. ई अमेरिकी इतिहास के सबसे बड जानलेवा सामूहिक गोलीबारी रहे।

टेक्सास स्कूल फायरिंग में अब तक का सामने आइल बा सबसे महत्वपूर्ण बिंदु

  1. शूटर आपन गोली दूसरा, तीसरा अवुरी चउथा में पढ़त मासूम बच्चा प निशाना लगवले बाड़े।
  2. एह घटना का बाद अमेरिका में चार दिन के राष्ट्रीय शोक घोषित कर दिहल गइल बा.
  3. जवना संदिग्ध के पुलिस अधिकारी हत्या करे के दावा करतारे, उ युवल्डे हाई स्कूल के छात्र बतावल जाता।
  4. हमलावर आपन गाड़ी छोड़ के स्कूल में घुस गईल। उनुका लगे एगो हैंडगन अवुरी एगो राइफल रहे।
  5. टेक्सास के गवर्नर ग्रेग एबॉट बतवले कि संदिग्ध के पहचान साल्वाडोर रामोस के रूप में भईल बा, उ युवाल्डे के रहेवाला हवे।
  6. अधिकारी बतवले कि संदिग्ध स्कूल में गोली चलावे से पहिले अपना दादी के भी गोली मार देले। ओकर दादी के एयरलिफ्ट हो गइल बा, ऊ जान-मरण खातिर लड़त बिया.
  7. टेक्सास में भइल गोलीबारी में मरल लोग के शोक मनावे खातिर अमेरिका के सगरी सरकारी भवनन पर आधा मस्तूल पर राष्ट्रीय झंडा फहरा दिहल जाई.
  8. अमेरिकी राष्ट्रपति फायरिंग के घटना के लेके राष्ट्र के एगो संदेश भी दिहे। ऊ क्वाड शिखर सम्मेलन से लवट के अमेरिका चहुँप गइल बाड़न आ एह घटना के रिपोर्ट मंगले बाड़न|

 

सोशल मीडिया पर संदिग्ध के फोटो, लेकिन आधिकारिक तौर प पुष्टि नईखे भईल

टेक्सास के गवर्नर एबॉट के कहनाम बा कि हत्यारा के पहचान साल्वाडोर रामोस के रूप में भईल बा, ओकरा बाद सोशल मीडिया प एगो युवक के फोटो वायरल हो गईल। ई इंस्टाग्राम पेज साल्वाडोर रामोस के बारे में बतावल जा रहल बा। एह पर एगो युवक के मोबाइल लेके फोटो बा। एकरा अलावे ए पेज प राइफल के फोटो भी डालल गईल बा। बतावल जा रहल बा कि ई टेक्सास फायरिंग के संदिग्ध ह. हालांकि ए फोटो के अभी तक आधिकारिक तौर प पुष्टि नईखे भईल। शूटिंग के कुछ समय बाद इ इंस्टाग्राम पेजो हटा दिहल गईल रहे।

258060cookie-checkअमेरिका के स्कूल में फायरिंग : 18 साल के छात्र पहिले दादी के मरलस गोली,

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.