Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

17 नवंबर 2022 के राशिफल

641

दिनांक- 17/11/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथी- नवमी

रात में 06 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन- बियफे।

मघा नक्षत्र

रात में 07 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाफाल्गुनी नक्षत्र।

ऐन्द्र जोग

रात में 12 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद वैधृति जोग।

वव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 10/11/2022

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

 60/00

दिन- सुक।

पूर्वाफाल्गुनी  नक्षत्र

रात में 08 बजके 50 मिनट ले।

वैधृति जोग

रात में 11 बजके 50 मिनट ले।

विष्कुंभ जोग

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आपकी आदतों से परिजन परेसान रहेंम। संघतिया लोगन के सहजोग से रुकल काम पूरा होई, आलसी रवइया से महत्वपूर्ण काम फंसल रही। संतान के बेवहार से मन दुखी होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

दिन उपयोगी रही। कवनो विशेष व्यक्तित्व से सम्पर्क नया ऊर्जा के संचार करी। बाबूजी से संबंध मधुर होई। दोस्तन के संगे मेल जोल बढ़ी। आर्थिक ममिलन में सतर्क रहला के जरूरत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

परिजनन से संबंध कमजोर होई। प्रेम प्रसंग के कारण तनाव आ चिंता बढ़ सकत बा। भाइयन से सहजोग ना मिलला से काम के पूरा होखे में परेसानी आई, जतरा के जोग बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

बिना बात के क्रोध मत करीं, आपन बेवहार शालीन करीं। दूसर लोगन के देखा देखी कइला से बचीं, बियाह में आ रहल अड़चन दूर होई। बेयपार में मन ना लगला से आर्थिक नुकसान सम्भव बा, उधार दिहल पईसा वापस मिल सकत बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

दिन सुभ बा। मांगलिक आयोजनन में सामिल होखेम। परिजनन से उचित प्रेम सम्मान मिली। माता के स्वास्थ में कमी के संभावना के संगही आर्थिक धन कोष में कमी आई। भवन भूमि निवेश सुभ रही।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

नौकरी में चल रहल तनाव बड़ रूप ले सकत बा, आवास निवास बदलला के जोग बा। स्वास्थ में कमी अइला के संगही जीवनसाथी के सहजोग ना मिलला से परेसान रहेंम। चिंता में बढ़न्ती होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

अपना जीवन शैली में बदलाव ले आई, राजनीति से जुड़ल लोगन खातिर समय सीख वाला बा। उचित होई कि अपना विचारन के बदलीं आ सकारात्मक सोच रखीं। कार्य विस्तार के जोग के संगही संतान के स्वास्थ प धेयान दीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

कम बोलीं आ काम बेसी करीं। संतान के बियाह में हो रहल विलंब से चिंता बढ़ी, बना बनावल काम बिगड़ला से तनाव में बढ़न्ती हो सकत बा। जमीन जायदाद से जुड़ल विवाद समय रहते सुलझा लीं ना त लम्बित होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

ऊंच बने के चक्कर में दूसर के कइ एहसानन के नजरअंदाज मत करीं। रउआ मतलबी बने से बचीं, संतान के क्रियाकलान प धेयान देला के संगही आर्थिक ममिलन के लेके सतर्क रहीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 काम के अधिकता के बीच तनाव के हावी मत होखे दीं। जीवन साथी के गलती से परेसानी के सामना करे के पड़ी। माई बाबूजी से कवनो विशेष मुद्दन प चरचा होई। कॅरियर खातिर निर्णय लेवे के वक़्त बा।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक माहौल सुखद रही। मांगलिक आयोजनन में सामिल होखेम। धेयान रहे दूसरा के निजी ममिलन में दखल मत दीं। लमहर समे से चलल आ रहल पारिवारिक समस्या के अंत होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

बेयपार में बदलाव के बीच संघतिया लोगन से सहजोग मिली। कवनो अनजान भय से ग्रसित रहेंम। आर्थिक समृद्धि के संगही धन निवेश खातिर उपयुक्त समय बा। राजनीति से जुड़ल लोगन से मेलजोल बढ़ी।

382370cookie-check17 नवंबर 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.