[the_ad_group id="30365"]

17 जून 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 17/06/2022
श्री गणेशाय नमः 

 

आज के पंचांग

 आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- तृतीया

दिन में 09 बजके 56 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्थी।

दिन- सुक।

उत्तराषाढा नक्षत्र

दिन में 02 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद श्रवण नक्षत्र।

ऐन्द्र जोग

रात में 10 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद वैधृति जोग।

भद्र करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 18/06/2022

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्थी

 सुबह में 07 बजके 37 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

श्रवण नक्षत्र

दिन में 12 बजके 43 मिनट ले।

वैधृति जोग

रात में 07 बजके 15 मिनट ले।

वालव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू, ले, लो, अ से सुरू होला)

शुभ परिणाम मिली, सोच सकरात्मक रही। खुद के बेयपार के विस्तार देवे खातिर अच्छा समय बा। बेयपार में लमहर समे से रुकल काम आज पूरा हो सकेला। हेल्दी विकल्प के चुनला से स्वास्थ अच्छा बनल रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

परीक्षा भा प्रतियोगिता के माध्यम से नौकरी खोजे वाला भा आपन बेवसाय सुरु करे के इक्षा राखे आला लोगन के लागातर कोसिस करे के चाहीं। काम के क्षेत्र में सहजोगियन के साथे काम करत घरी विशेष धेयान राखे के होई। सामाजिक तालमेल आ प्रतिष्ठा बेहतर रही। बेवसाय विस्तार के योजना संभव बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ से सुरू होला)

आज आर्थिक लाभ के अवसर बा। कुछ नाया परिचित लोगन से धोखा खाये से बांचे खातिर अपना विकल्पन के समझदारी से चुनी। बेयपारी वर्ग ग्राहकन से पईसा के लेके वाद-विवाद से बांचे। काम से जुड़ल हर छोट बात पs धेयान दीं। पारिवारिक जिनगी तनाव से भरल हो सकत बा, बाकिर इस्तिथी से चतुराई से निपटे के होई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज कुछ चुनौतियन के सामना करे के पड़ सकत बा। बाकिर अंत में मय चीझ राउर पक्ष में होई। दिन-प्रतिदिन के गतिविधियन पs आपन धेयान लगाई आ सकारात्मक बतकही स्थापित करे खातिर डेग उठाई। जुवा लोगन के करियर में बड़ सफलता मिल सकत बा। खानपान पs खास धेयान दीं, एकरा से सेहत ठीक रही। दोस्त आ परिवार के पूरा सपोर्ट मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज धन में बढ़न्ती संभव बा। सब तरे के भौतिक सुखन के आंनद मिली आ नाया अधिग्रहण हो सकत बा। रिश्तेदार लोग से रिश्ता तनाव से भरल हो सकत बा। परिवार के सदस्य से बहस में पड़ सकत बानीं। परिवार के छोट सदस्य मदद करी लो। रिश्ता में संतुलन बना के चले के जरूरत बा।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

भाग्य कन्या राशि वालन के पक्ष में रही। जटिल समस्या के समाधान मिली। अइसन मजबूत संकेत बा कि नाया उद्धम में प्रवेश होई। विदेशी कनेक्शन से लाभ मिली आ एगो नाया जुड़ाव भा साझेदारी संभव बा। साझेदारी के बेवसाय में महत्वपूर्ण निर्णय मत लीं। महिला आज घर के काम जादे बाझल रही लो। परिजन से शुभ समाचार मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन शुभ बा आ कुछ महत्वपूर्ण लाभ मिल सकेला। उधमी आ बेवसाई लो एगो नाया संघ भा साझेदारी में प्रवेश कs सकत बा। कोर्ट-कचहरी के ममिला में सफलता मिली। पेशेवर रूप से रउआ लोकप्रियता आ प्रशंसा हासिल होई। आज गाड़ी चलावत घरी सतर्क रहीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज भाग्य के साथ मिली। कठिनाई समाप्त होई आ रुकल काम आगा बढ़ी। वित्तीय ममिला में रउआ ला बेवस्थित काम कइल फायदेमंद आ लाभकारी होई। पारिवरिक सदस्यन के साथे मधुर संबंध रही। स्वास्थ बढ़िया रही। अधिकारी काम देख के प्रशंसा करी लो। ससुराल से खुशखबरी मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज कुछ उतार चढ़ाव के सामना करे के पड़ सकत बा। बहुत कुछ हासिल करे के कोसिस होई, बाकिर जल्दीबाजी में निर्णय लेला से नुकसान होई। जतरा हो सकत बा, जवन मनोरंजन से भरल रही। आज बहुते ऑनलाइन शॉपिंग हो सकत बा। लोभ में आके गैरकानूनी काम मत करीं।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

धार्मिक विचार आई। एतने ना आज कुछ पवित्र काम में हिस्सो लेब। राउर एही कामन के चलते सामाजिक लोकप्रियता बढ़ी। परिवार आनन्दित रही आ मानसिक रूप से रउआ शांति मिली। राउर आत्म विस्वास बढ़ी। सहकर्मी लोग से पूरा सहजोग आ समर्थन मिली। करोबरियन के बड़ निवेश से बांचे के जरूरत बा। परिवार में खुशी के माहौल रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

चुनौतियन के सामना करे के पड़ सकत बा। महत्वपूर्ण निर्णय सोच विचार के बादे लेवे के चाहीं। सामाजिक रूप से सक्रिय रहब आ कुछ महत्वपूर्ण संपर्क स्थापित हो सकेला। राउर कवनो प्रियजन के स्वास्थ चिन्ता के कारण बन सकत बा। वर्तमान परिस्थिति के वजह से बेवसायिक गतिविधि कमजोर पड़ी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

परिणाम पक्ष में रही। काम में उतार-चढ़ाव संभव बा। छिपल दुश्मन से सावधान रहीं जे नुकसान पहुंचावे के कोसिस कर सकत बा। आज के दिन सुख आ शांति से भरल रही। बेयपार में पब्लिक रिलेशन के आउर मजबूत करीं। राउर कवनो करीबी रउआ के भावनात्मक रूप से आहत कs सकेला।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]