17 मार्च 2023 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 17, 2023

दिनांक-17/03/2023 श्री गणेशाय नम:   आज के पंचांग चैत्र कृष्ण पक्ष तिथि- दशमी दिन में 02 बजके 07 मिनट ले, ओकरा बाद एकदाशी। दिन- सुक। उत्तराषाढा नक्षत्र रात में 02 बजके 46 मिनट ले ओकरा

Share

दिनांक-17/03/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

दिन में 02 बजके 07 मिनट ले,

ओकरा बाद एकदाशी।

दिन- सुक।

उत्तराषाढा नक्षत्र

रात में 02 बजके 46 मिनट ले

ओकरा बाद श्रवण नक्षत्र।

वरीयान जोग

दिन में 06 बजके 59 मिनट ले,

ओकरा बाद परिघ जोग।

विष्टि करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 18/03/2023

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- एकादशी

दिन में 11 बजके 14 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

श्रवण नक्षत्र

रात में 12 बजके 29 मिनट ले।

शिव जोग

रात में 11 बजके 53 मिनट ले।

बालव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

महिला अधिकारी के सहजोग मिली। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। रचना के काम में सफलता मिली। प्रियजन से पीड़ा मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में सफलता मिली। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। सामाजिक कामन में रुचि बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

उच्च अधिकारी के सहजोग मिली। अनचाही यात्रा, विभागीय परिवर्तन के आशंका बा। वाणी पs संयम रखीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

पिता भा घर के मुखिया से तनाव मिल सकत बा। यात्रा देशाटन के इस्थिति रही। स्वास्थ आ प्रतिष्ठा के लेले सचेत रहीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

रोग भा विरोधी सक्रिय रही। स्थानांतरण, विभागीय परिवर्तन भा आउर बेवसायिक समस्या आ सकत बा। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम समस्या के निदान करी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

गलत संगत पारिवारिक प्रतिष्ठा के प्रभावित कs सकत बा। संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेंम। बेकार के उलझनें रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

जीवनसाथी के भरपूर सहजोग मिली। आर्थिक ममिलन में सुधार होई। रोग भा विरोधी मानसिक पीड़ा दे सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

दांपत्य जीवन में तनाव आ सकत बा। वाहन चलावत घरी सावधानी रखीं। कवनो मूल्यवान वस्तु के चोरी भा हानि के आशंका बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई। गलत संगत पारिवारिक प्रतिष्ठा के प्रभावित कs सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

मैत्री संबंध प्रगाढ़ होई। कुछ पारिवारिक तनाव मिल सकत बा। स्वास्थ्य के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बेकार के उलझन रही।  स्वास्थ आ प्रतिष्ठा के लेके सचेत रहीं। रचना के कोसिस सफल होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

कवनो काम के पुरा होखला से आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। धन, सम्मान, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.