Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

17 फरवरी 2022 के राशिफल

557
सीवान इन्शुरेंस 720 90

दिनांक- 17/02/2022
गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फागुन मास कृष्ण प्रतिपदा

दिन बियफे,  मघा  नछतर दिन में 04 बज के 12 मिनट ले,

अतिगण्ड योग रात के 08 बजके 05 मिनट ले।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम अ, ल, इ से सुरू होला)

संतान के ज़िम्मेदारी पूरा होई। शिक्षा के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई। शासन सत्ता के लाभ मिलेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम ब, व, उ, ए से सुरू होला)

घर ला जरूरी सामान बढ़ी, चल आ अचल संपति बढ़ी। वेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। रचना के काम आगा बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम क, छ, घ, ह से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। कइल गइल मेहनत सफल होई।दोसरा से सहजोग लेला पs सफलता मिली, उपहार आ सम्मान में इजाफा होई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ड, हे से सुरू होला)

चलल आ रहल समस्या के समाधान होई। धन, सम्मान, यश,किर्ति में इजाफा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। उपहार आ सम्मान मिली।
Middle Yayawari

सिंह | Leo

(जेकर नाम म, ट से सुरू होला)

आर्थिक ममिला में जोखिम नइखे लेवे के। दामप्तय जिनगी सुख से भरल रही। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। वेवसायिक कोसिस सफल होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम प, ठ, ण, ट से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग मिली। स्वास्थ के लेके धेयान देले के खास जरूरत बा। बेकार के चिंता-फिकिर बनल रही।

तुला | Libra

(जेकर नाम र, त से सुरू होला)

शिक्षा से जुडल प्रतियोगिता के क्षेत्र में कइल गइल मेहनत सफल रही। वेयसायिक कोसिस सफल रही। समाज के काम में मन लागी।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम न, य से सुरू होला)

परिवार से जुडल जिनगी सुख से भरल रही। स्वास्थ में बाधा हो सकेला। धन, यश आ किर्ति बढ़ी।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये, ध, फ, भ से सुरू होला)

रचना से जुडल कोसिस सफल रही। कवनो काम के पूरा होखला से राउर परभाव बढ़ी। उपहार भा सम्मान भेंटी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो, ज, ख, ग से सुरू होला)

 परिवार के प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होखी। घर के जरूरत के   सामान बढ़ी, जीवनसाथी के सहजोग मिली, वेयसायिक कोसिस सफल   होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गु, स, श, ष, द से सुरू होला)

 दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही। । शासन सत्ता के सहजोग रही। वेयसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी आ कइल गइल मेहनत सफल रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दि, चा, झ, थ से सुरू होला)

घर के उपजोग के सामान बढ़ी। संतान भा शिक्षा के लेके चिंता रही। स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जररत बा।

217110cookie-check17 फरवरी 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.