Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

16 मार्च 2023 के राशिफल

720

दिनांक-16/03/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

दिन में 04 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- बियफे।

मूल नक्षत्र

भोर में 06 बजके 24 मिनट ले

ओकरा बाद पूर्वाषाढा नक्षत्र।

व्यातीपात जोग

दिन में 10 बजके 06 मिनट ले,

ओकरा बाद वरीयान जोग।

गर करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 17/03/2023

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

दिन में 02 बजके 07 मिनट ले।

दिन- सुक।

उत्तराषाढ़ नक्षत्र

दिन में 02 बजके 46 मिनट ले।

वरीयान जोग

दिन में 06 बजके 59 मिनट ले।

विष्टि करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

महिला अधिकारी के सहजोग मिली। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। रचनात्मक कामन में सफलता मिली। प्रियजन से पीड़ा मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में सफलता मिली। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई। सामाजिक कामन में रुचि बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

उच्च अधिकारी के सहजोग मिली। अनचाहा यात्रा, विभागीय परिवर्तन के आशंका बा। वाणी पs संयम रखीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

पिता भा घर के मुखिया से तनाव मिल सकत बा।  यात्रा देशाटन के इस्थिति रही। स्वास्थ आ प्रतिष्ठा के लेके सचेत रहीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

रोग भा विरोधी सक्रिय रही। स्थानांतरण, विभागीय परिवर्तन भा आउर बेवसायिक समस्या आ सकत बा। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम समस्या के निदान करी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

गलत संगत पारिवारिक प्रतिष्ठा के प्रभावित कs सकत बा। संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेंम। बेकार के उलझनें रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

जीवनसाथी के भरपूर सहजोग मिली। आर्थिक ममिलन में सुधार होई। रोग भा विरोधी मानसिक पीड़ा दे सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

दांपत्य जीवन में तनाव आ सकत बा। वाहन चलावत घरी सावधानी रखीं। कवनो मूल्यवान वस्तु के चोरी भा हानि के आशंका बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई। गलत संगत पारिवारिक प्रतिष्ठा के प्रभावित कs सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

मैत्री संबंध प्रगाढ़ होई। कुछ पारिवारिक तनाव मिल सकत बा। स्वास्थ्य के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बेकार के उलझन रही।  स्वास्थ आ प्रतिष्ठा के लेके सचेत रहीं। रचना के कोसिस सफल होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

कवनो काम के पुरा होखला से आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। धन, सम्मान, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई।

481320cookie-check16 मार्च 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.