[the_ad_group id="30365"]

16 जनवरी 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-16/01/2024
श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- षष्ठी

रात के 11 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- मंगर।

उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र

भोर के 04 बजके 38 मिनट ले,

ओकरा बाद रेवती नक्षत्र।

परिघ जोग

रात के 08 बजके 01 मिनट ले,

ओकरा बाद शिव जोग।

कौलव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 17/01/2024

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 10 बजके 07 मिनट ले।

दिन- बुध।

रेवती नक्षत्र

रात के 03 बजके 33 मिनट ले।

शिव जोग

सबेरे के 05 बजके 12 मिनट ले।

गर करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बहुत अच्छा रही, नया संबंध बनी, कारोबार में बढ़न्ती होई, पत्नी के सहजोग प्राप्त होई, आय के नया स्रोत बनी, मन प्रसन्न रही, रुकल धन वापस मिल सकत बा, कवनो विशेष काम के पूरा करे खातिर आज गणेश जी के लड्डू के भोग लगाई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज राउर मन अशांत रही, कवनो प्रिय के चिंता बनल रही, बोली पs संयम रखीं, यात्रा आदि से बचीं, बेकार के कामन में धन खर्च हो सकत बा, परिवार के सहजोग मिली, आज रउआ अधिकांश निगेटिव विचार आई, एसे बचे खातिर रउआ हनुमान चालीसा के पाठ करीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर सामान्य रह, शारीरिक पीड़ा, तनाव बनल रही। परिवार में केहू के बेमार होखला से परेसान रहेम। वाहन आदि के चलावे से चोट लाग सकत बा, बेयपार में रुकावट आई, बड़ लेन-देन आ साझेदारी सोच विचार के करीं, भगवान सूर्य के अर्घ्य दीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

बनल काम में बाधा आई। केहू के दिहल धन वापस ना मिलला से वाद-विवाद के इस्थिति बन सकत बा। वाणी पs संयम रखीं, अच्छा होगा कि रउआ आज के दिन कवनो नया काम मत सुरू करीं, पारिवारिक सदस्यन के साथ मिली।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर सानदार रही, भूमि भवन वाहन आदि के लेवे के योग बन सकत बा, बेयपार में लाभ होई, नया काम के अवसर प्राप्त होई, कवनो विशेष व्यक्ति के मिलला से लाभ होई, कर्मचारियन खातिर आज के दिन अच्छा रही, पद-प्रतिष्ठा सम्मान के प्राप्ति होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मांगलिक कामन के योग बनी, कवनो धार्मिक यात्रा पs जा सकत बानी, बाकिर वाहन आदि के चलावे से बचीं, दाम्पत्य जिनगी में पत्नी के सहजोग मिली, कवनो सुखद समाचार प्राप्त होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन विरोधी से सावधान रहीं, वाद-विवाद के इस्थिति मत बने दीं, बेयपार में नुकसान हो सकत बा। कर्मचारी वर्ग के सोच विचार कs के बेवहार करे के आवश्यकता बा, मानसिक तनाव बनल रही। परिवार में मतभेद बढ़ी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर ठीक ना होई, अपने लोगन के बेवहार से मन अशांत रही, बेयपार में सहजोगी साथियन से धोखा मिल सकत बा। कवनो नए काम के सुरू करे से बचीं, लेन-देन में सतर्कता बरतीं, अपना स्वास्थ पs धेयान दीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बहुत अच्छा रही, मन प्रसन्न रही, पारिवारिक सदस्यन के सहयोग प्राप्त होई। नया काम के सुरुआत होई, पुरानाl चलल आ रहल विवाद खतम होई, घर में मांगलिक कार्यक्रमन के योग बनी, समाज में मान-सम्मान प्राप्त होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर खुशखबरी देवे वाला होई, परिवार में नया सदस्य के आगमन होई, धार्मिक यात्रा भा धार्मिक काम के योजना बन सकत बा, बंधुअन से संबंध में मधुरता आई, कवनो नया लेन-देन साझेदारी सुरू हो सकत बा। भगवान शिव के उपासना करीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

मन अशांत रही, देह में चोट लाग सकत बा। वाहन आदि के यात्रा मत करीं, दुर्घटना आदि के योग बन सकत बा। पुरान मतभेद उभर के फेर से सामने आ सकत बा, वाणी पs संयम रखीं। कोर्ट-कचहरी के कामन में देरी होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन राउर निमन बेवहार रउआ के जोखिम से बचा सकत बा। अधिकारियन से मतभेद हो सकत बा, वाद-विवाद से दूर रहीं, परिवार के सहजोग प्राप्त होई। नया काम के सुरुआत में अड़चन आई, केहू आपन के स्वास्थ के चिंता बनल रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]