16 फरवरी 2024 के राशिफल

Share

दिनांक-16/02/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

माघ शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

दिन के 08 बजके 54 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- सुक।

भरणी नक्षत्र

दिन के 08 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद कृत्तिका नक्षत्र।

ब्रह्म जोग

दिन के 03 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद इन्द्र जोग।

वणिज करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 17/02/2024

माघ शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

दिन के 08 बजके 16 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

कृत्तिका नक्षत्र

दिन के 08 बजके 46 मिनट ले।

इन्द्र जोग

दिन के 01 बजके 43 मिनट ले।

बव करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया लो के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई।

 वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

बाबूजी के सहजोग मिली। घर से जुड़ल काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। चोट लागे के संभावना बन सकत बा। भाग-दउर रही। खीस पs लगाम राखीं। वाद विवाद से बांची।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकेला। भाग-दउर रही। कवनो काम में बांझल रहब। परिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। जतरा के संजोग बन सकेला। संघतिया लोग के सहजोग मिली। नौकरी में लाभ मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। स्वास्थ से जुड़ल लाभ होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली। रचना के काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आय बढ़ी। कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जवन रउआ के सही रास्ता देखाई। स्वास्थ से जुड़ल लाभ होई। शिक्षा मजबूत होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में बांझल रहब। घर के जरूरी काम में व्यस्तता रही। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। संतान के सुख भेंटी। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

 मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

काम के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी दूर होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। जतरा के संजोग बनी। अचके कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जवन रउआ ला हित करी।

 मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-