Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

15 मई 2023 के राशिफल

842

दिनांक-15/05/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

 रात में 01 बजके 03 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वादशी।

दिन- सोमार।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

दिन में 09 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र।

 विष्कुम्भ जोग

रात में 01 बजके 29 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रीति जोग।

बव करण।

अपरा एकादशी।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 16/05/2023

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

रात में 11 बजके 36 मिनट ले।

दिन- मंगर।

उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र

दिन में 08 बजके 15 मिनट ले।

 प्रीति जोग

रात में 11 बजके 15 मिनट ले।

 कौलव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर उतार-चढ़ाव वाला रही। शारीरिक आ मानसिक पीड़ा से रउआ परेसान रहेम। कवनो काम में मन ना लागी। बेयपार के काम से रउआ बाहर जाये के पड़ सकत बा। जतरा में सावधानी रखीं। बेयपार में नया काम अभी सुरू मत करीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज रउआ काम में नया अवसर प्राप्त होई। बेवसाय में आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। परिवार में नया संबंध बनी। अपनन से सहजोग मिली। धार्मिक आयोजन में सामिल होखे के अवसर प्राप्त होई। केहू अपना के स्वास्थ्य के चिंता बनल रही। वाद-विवाद के इस्थिति से दूर रहीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज समय रउआ खातिर अच्छा रहे वाला बा। सामाजिक क्षेत्र में आज रउआ मान-सम्मान प्राप्त होई। रुकल काम पूरा होई। प्रशासनिक काम में लागल व्यक्तियन के पदोन्नति मिल सकत बा।  परिवार-संघतियन के सहजोग मिली। आय में बढ़न्ती के जोग बनी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज काम के ममिला में रउआ कवनो बड़ जोखिम मत उठाई। पाटनरशीप में कवना नया काम सोच विचार के करीं। बेयपार में नुकसान उठावे के पड़ सकत बा। बोली पs संयम रखीं। वाद-विवाद से खुद के दूर रखीं। पत्नी के स्वास्थ के लेके चिंतित रहेम।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा, बढ़िया रही रउआ डॉक्टर के सलाह पs चलीं। वाहन आदि चलावत घरी सावधानी बरतीं। काम के क्षेत्र में केहुओ के साथे बड़ लेन देन आज मत करीं। कवनो पुरान विवाद के चलते मानसिक चिंता बनल रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज रउआ कवनो बड़ काम में आपन धन इन्वेस्ट कs सकत बानी। आर्थिक इस्थिति के दृष्टि से आज के दिन महत्वपूर्ण रही। बहुत पुरान रुकल धन मिल सकत बा। कोर्ट-कचहरी के ममिलन में अभी विलंब होई। परिवार के पूर्ण सहजोग मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रही। आज रउआ कवनो नया वस्तु किन सकत बानी। स्वास्थ में सुधार होई आ परिवार आउर समाज में मान-सम्मान बढ़ी। बेयपार में नया साझेदारी से कवनो बड़ काम सुरू कs सकत बानी। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज रउआ वाहन आदि संभारके चलाई। स्वास्थ में गिरावट महसूस होई आ कवनो परिचित के स्वास्थ खराब हो सकत बा। परिवारिक सदस्यन से मतभेद उत्पन्न होई। बेयपार में मंदी देखे के मिली। पत्नी के स्वास्थ के लेके मानसिक तनाव बनल रही। आज कवनो बड़ काम हाथ से निकल सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ बेकार के परेसानियन से गुजरे के पड़ी। वाद-विवाद के इस्थिति से रउआ दूर रहीं। मन अशांत रही। कवनो अपना प्रिय के दुखद समाचार मिली। बेयपार में हानि उठावे के पड़ सकत बा। कवनो नया वस्तु किनल एह समय अच्छा ना रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर उपयुक्त होई। परिवारिक सदस्यन के प्रेम सहजोग मिली। राउर कवनो पुरान विवाद खतम होई। मन प्रसन्न रही आ बेयपार में संघतिया लोगन के सहजोग से रउआ कवनो बड़ काम सुरू कs सकत बानी। आज राउर स्वास्थ ठीक रही आ जीवन संगिनी के साथ मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर सानदार रही, कवनो नया काम मे धन के इन्वेस्ट करेम। बेयपार-बेवसाय में नए अवसर प्राप्त होई। कवनो नया वाहन भा मकान आदि किन सकत बानी। परिवार में बियाह भा मांगलिक कार्यक्रम होई। कवनो जतरा आदि पs जा सकत बानी। मान-सम्मान बढ़ी। आर्थिक इस्थिति मजबूत बनी।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज राउर स्वास्थ में उतार चढ़ाव बनल रही। कवनो परिचित व्यक्ति से वाद-विवाद हो सकत बा। बेकार के कामन में धन खर्च होई। पत्नी से मतभेद बढ़ सकत बा। बेयपार में कवनो बड़ काम हाथ से निकल सकत बा। परिवारिक सदस्यन से अपमान के सामना करे के पड़ सकत बा। वाणी पs संयम रखीं।

545660cookie-check15 मई 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.