Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

14 मई 2023 के राशिफल

884

दिनांक-14/05/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

 रात में 02 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- अतवार।

शतभिषा नक्षत्र

दिन में 10 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र।

 इन्द्र जोग

सबेरे के 06 बजके 35 मिनट ले,

ओकरा बाद वैधृति जोग।

वणिज करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 15/05/2023

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

रात में 01 बजके 03 मिनट ले।

दिन- सोमार।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

दिन में 09 बजके 08 मिनट ले।

 विष्कुम्भ जोग

रात में 01 बजके 29 मिनट ले।

 बव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर दिन ठीक रही, जरुरी कवनो काम खातिर रउआ बाहर जाये के पड़ सकत बा। काम के क्षेत्र में कवनो नया काम सुरू कs सकत बानी। बेयपार में लाभ होई। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई। स्वास्थ ठीक रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज राउर समय अच्छा रही। आकस्मिक धन लाभ होई। काम के क्षेत्र में मान सम्मान प्राप्त होई।। बेयपार-बेवसाय में कवनो नया साझेदारी से बड़ काम सुरू कs सकत बानी। अपनन के प्रेम आ स्नेह प्राप्त होई। पत्नी के स्वास्थ के चिंता रही।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ कवनो विपत्ति में फंस सकत बानी। बेकार के वाद-विवाद में मत उलझीं। बोली पs लगाम रखीं आ बेयपार में कवनो नया काम सुरू मत करीं। आर्थिक जोखिम मत उठाई।। परिवार के लोगन से मतभेद बढ़ सकत बा। अपनन के स्वास्थ के धेयान रखीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज बाहर कहीं यात्रा पs जाई तs सावधानी रखीं। कवनो नया वाहन आदि आज मत किनी। परिवार में केहू के स्वास्थ के लेके रउआ चिंतित रहेम। काम के अधिकता के कारण शारीरिक पीड़ा आ तनाव बनल रही। बेयपार में धन के निवेश सोच-विचार कs के करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर पुरान रुकल काम पूरा होखला से मन प्रसन्न रही। काम के क्षेत्र में अपनन के सहजोग मिली। प्राइवेट क्षेत्र में काम कर रहल लोगन के पदोन्नति मिल सकत बा। पत्नी के सहजोग मिली। कवनो पुरान संघतिया से मिलल होई। कवनो नया काम सुरू करे में कवनो विशेष व्यक्ति के सहजोग प्राप्त होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज रउआ चेहरा पs प्रसन्नता बनल रही। काम के क्षेत्र में रउआ जवन मेहनत कइनी ओमे आज रउआ सफलता मिलत लउकी। बेयपार में केहू पs अत्यधिक विश्वास कइल रउआ खातिर जोखिम भरल हो सकत बा। अपनन के सहजोग मिली आ पुरान कवनो विवाद खत्म होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउआ अपना स्वास्थ के विशेष धेयान रखीं। खान-पान पs नियंत्रण रखीं आ कहीं बाहर मत जाई। केहू के बड़ रकम उधार मत दीं। बेयपार में पुरान कवनो सहजोगी के कारण रउआ नुकसान उठावे के पड़ सकत बा। वाद-विवाद से दूर रहीं। वाणी पs संयम रखी। पत्नी से मतभेद बढ़ सकत बा। पारिवारिक सदस्यन से संबंध मधुर रखीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज रउआ आकस्मिक दुर्घटना के शिकार हो सकत बानी। वाहन आदि चलावे में सावधानी रखीं। कवनो परिचित के दुखद समाचार मिली। पारिवारिक जिनगी में अपनन से मतभेद उत्पन्न हो सकत बा। बेयपार-बेवसाय में बड़ जोखिम मत उठाई। आपन आ पत्नी के स्वास्थ के धेयान रखीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज रउआ कवनो धार्मिक जतरा आदि पs जा सकत बानी। आज राउर मन प्रसन्न रही आ घर-परिवार में मांगलिक काम होई। मन आध्यात्म के और झुकल रही। राउर स्वास्थ में कुछ उतार-चढ़ाव बनल रही। बेयपार में नया काम हाथ आई। कवनो नया वाहन भा मकान आदि किन सकत बानी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन राउर निमन रहे वाला बा। कोर्ट कचहरी आ प्रशासनिक काम में सफलता मिली। पुरान विवाद के खतम होखे से मन प्रसन्न रही। बेयपार बेवसाय में कवनो विशेष व्यक्ति के सहजोग से नया काम मिली, जवना से लाभ प्राप्त होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ अपना स्वास्थ के लेके परेसान रह सकत बानी, जवना कारण मन अशांत रही। परिवार के कवनो व्यक्ति से मनमुटाव होई, बढ़िया रही कि आज रउआ वाद-विवाद में मत उलझीं। ना तs अपमान के सामना करे के पड़ सकत बा। बेयपार में उतार-चढ़ाव बनल रही। आज काम में रुकावट आई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रउआ वाहन आदि चलावे में सतर्कता बरतीं। कवनो खास काम के कारण संबंधियन से वाद-विवाद हो सकत बा। बेयपार में नया निवेश भा नया साझेदारी सोच विचार कs के करीं। प्राइवेट कर्मचारी वर्ग के अपना अधिकारियन से संबंध बिगड़ सकत बा। कवनो परिचित के दुखद समाचार मिली।

545000cookie-check14 मई 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.