[the_ad_group id="30365"]

14 मार्च 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-14/03/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

रात के 11 बजके 26 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- बियफे।

भरणी नक्षत्र

दिन के 04 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद कृत्तिका नक्षत्र।

वैधृति जोग

रात के 09 बजके 59 मिनट ले,

ओकरा बाद विष्कुम्भ जोग।

बव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक-14/03/2024

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- षष्ठी

रात के 10 बजके 09 मिनट ले।

दिन- सुक।

कृत्तिका नक्षत्र

दिन के 04 बजके 08 मिनट ले।

विष्कुम्भ जोग

रात के 07 बजके 45 मिनट ले।

कौलव करण।

 

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

धार्मिल आस्था बढ़ी, जिनगी सुख से भरल होई, बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी, आज रउआ बहुते भावुक हो सकेनी। उपहार भा सम्मान आउर बढ़ी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग मिली। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ से जुडल समस्या दूर होई। जतरा के संजोग बनत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया लोगन के सहजोग मिली। रिश्ता मजबूत होई। आत्म विस्वास बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई, बांचल काम पूरा होखी। जतरा के संजोग बनत बा। कवनो अइसन आदमी से मुलाकात होई जवन रउआ ला हित पहुंचाई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मानसिक रूप से स्वस्थ महसूस करेम। नाया काम के योजना बनी। कवनो जतरा के संजोग बनत बा। शिक्षा के क्षेत्र में बाधा हो सकेला। भाग-दउर रही।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बेवसायिक पक्ष मजबूत होई। उत्साह बढ़ी, पारिवारिक जिम्मेवारी के पूर्ति होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सहजोग मिली, उपहार भा सम्मान बढ़ी, धन यश आ कीर्ति बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ से जुडल परेशानी बनी।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। शिक्षा में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

खीस पs लगाम राखीं। वाद विवाद से बांची। नुकसान पहुंच सकत बा। भाग-दउर रही। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

संघतिया लो के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। आज बहुत खुश रहेम। बिना जरूरत के खरचा हो सकेला।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो खास काम पूरा होई। शिक्षा के क्षेत्र में प्रगति होई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]