[the_ad_group id="30365"]

14 जुलाई 2023 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-14/07/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

सांझ के 07 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद त्रयोदशी।

दिन- सुक।

रोहिणी नक्षत्र

रात के 10 बजके 26 मिनट ले,

ओकरा बाद मृगशीर्षा नक्षत्र।

  गण्ड जोग

दिन के 08 बजके 27 मिनट ले,

ओकरा बाद वृद्धि जोग।

कौलव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 15/07/2023

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

रात के 08 बजके 32 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

मृगशीर्षा नक्षत्र

रात के 12 बजके 32 मिनट ले।

वृद्धि जोग

दिन के 08 बजके 21 मिनट ले।

गर करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

महिला अधिकारी के सहजोग मिली। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। रचना के काम में सफलता मिली। प्रियजन से पीड़ा मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में सफलता मिली। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। सामाजिक कामन में रुचि बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

उच्च अधिकारी के सहजोग मिली। अनचाही यात्रा, विभागीय परिवर्तन के आशंका बा। वाणी पs संयम रखीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

पिता भा घर के मुखिया से तनाव मिल सकत बा। यात्रा देशाटन के इस्थिति रही। स्वास्थ आ प्रतिष्ठा के लेले सचेत रहीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

रोग भा विरोधी सक्रिय रही। स्थानांतरण, विभागीय परिवर्तन भा आउर बेवसायिक समस्या आ सकत बा। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम समस्या के निदान करी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

गलत संगत पारिवारिक प्रतिष्ठा के प्रभावित कs सकत बा। संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेंम। बेकार के उलझनें रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

जीवनसाथी के भरपूर सहजोग मिली। आर्थिक ममिलन में सुधार होई। रोग भा विरोधी मानसिक पीड़ा दे सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

दांपत्य जीवन में तनाव आ सकत बा। वाहन चलावत घरी सावधानी रखीं। कवनो मूल्यवान वस्तु के चोरी भा हानि के आशंका बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई। गलत संगत पारिवारिक प्रतिष्ठा के प्रभावित कs सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

मैत्री संबंध प्रगाढ़ होई। कुछ पारिवारिक तनाव मिल सकत बा। स्वास्थ्य के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बेकार के उलझन रही।  स्वास्थ आ प्रतिष्ठा के लेके सचेत रहीं। रचना के कोसिस सफल होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

कवनो काम के पुरा होखला से आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। धन, सम्मान, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]