Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

14 दिसंबर 2022 के राशिफल

708

दिनांक- 14/12/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

रात में 07 बजके 53 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- बुध।

मघा नक्षत्र

रात में 02 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वफाल्गुनी नक्षत्र।

विष्कुम्भ जोग

रात में 05 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रीति जोग।

गर करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 15/12/2022

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात में 09 बजके 21 मिनट ले।

दिन- बियफे।

पूर्वफाल्गुनी नक्षत्र

रात में 04 बजके 03 मिनट ले।

प्रीति जोग

रात में 05 बजके 11 मिनट ले।

विष्टि करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन यात्रा के लिहाज से बहुते अनुकूल बा। जदि आज रउआ दूर के जगहन के यात्रा करत बानी तs राउर ई यात्रा विशेष लाभकारी रही। जदि रउआ बिदेस यात्रा के सोच रहल बानी तs आज रउआ कवनो यात्रा पर जा सकत बानी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अनुकूल रही, रउआ अपना काम के बीच संतुलन बनवले रखीं। खुद के ऊर्जावान महसूस करेम। रउआ अपना परिवार के सदस्यन के संगे कहीं घूमे का प्लान बनाएम। राउर मेहनत खातिर समाज में रउआ के सम्मानित कइल जा सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

अतवार के दिन मिथुन राशि के जातकन पर सुरुज देव के कृपा बनल रही। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। जीवनसाथी के सहजोग आ साथ मिली। काम में मन लगावे से सफलता मिली। जीवनसाथी के संगे कहीं घूमे जा सकत बा, एसे राउर मन प्रसन्न रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 राउर जनम के बेरा चंद्रमा कर्क राशि में रहे। आज चंद्र गोचर के समय चंद्रमा बृहस्पति, शनि आ बुध के नक्षत्रन से गुजर रहल बा। ई संक्रमण परिस्थितियन के अनुसार अनुकूल परिणाम दे सकत बा। ई परिवर्तन अध्यात्म के विकास में सहायक होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर निम्मन रही। परिवार के पूरा सहजोग रउआ मिल सकत बा। राउर मान सम्मान बढ़ सकत बा। रउआ कवनो पारिवारिक समारोह में व्यस्त हो सकत बानी। लेन-देन करे से बची। आज बेसी अधिक मेहनत करे के पड़ सकत बा। जीवनसाथी के सहजोग में कमी आ सकत बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कन्या राशि के जातक आज अपना कारोबार में तरक्की महसूस कर सकत बा लोग। सूरूज देव की कृपा से रउआ आपन सब काम आसानी से पूरा कर पाएम। आपन हर काम सोच समझ के करी। कारोबार में छोट चुकी गलती से नुकसान हो सकत बा। बेकार के भाग-दउर से बचीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज राउर जतरा के जोग बन रहल बा। शिक्षा आ ज्ञान के क्षेत्र में विजयी होखेम। एह क्षेत्र में भाग्य राउर साथ दिही। कवनो अप्रिय घटना ना हो सके एकरा खातिर रउआ सावधान रहे के होई। कइयन गो फसीला रउआ अपना स्तर पर ले पाएम। जवन लाभकारी होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज रउआ अपना प्रेमी के संगे कहीं घूमे जाये के प्लान बना सकत बानी। संघतिया लोगन के संगे मूवी देखे जा सकत बानी। कवनो मित्र के हालचाल रउआ फोन पर पूछ सकत बानी। बेयपार में मुनाफा हो सकत बा। बाबूजी से धन के प्राप्ति होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज वैवाहिक संबंधन में राउर रुचि कम हो सकत बा। आज रउआ खातिर औसत दिन बा। जदि रउआ एगो शांतिपूर्ण वैवाहिक जीवन चाहत बानी तs अपना दृष्टिकोण आ व्यक्तित्व के बदलला के आवश्यकता बा। राउर पारिवारिक जिनगी सुखमय रही। घरेलू सामानन में बढ़न्ती होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज रउआ कवनो पत्र भा महत्वपूर्ण सनेस प्राप्त हो सकत बा। किना-बेची खातिर दिन निम्मन रही। कवनो योजना पर काम सुरू करे आ यात्रा करे खातिर दिन सुभ बा। आज आंख आ चेहरा के सुरक्षा पर विशेष धेयान दीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर ममिलन में फायदेमंद रही। कवनो काम में रउआ बड़ी फायदा मिली। बेयपार में कम मेहनत से बेसी लाभ मिली। जीवन साथी से प्रेम बढ़ी।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज कवनो महत्वपूर्ण काम के पूरा होखला से रउआ जबरदस्त आर्थिक लाभ होई। अतवार के खुसी रउआ दुआरी पर दस्तक दिहीं। राउर सहनशक्ति बढ़ी। निजी तौर पर राउर तरक्की होई। पारिवारिक वाद-विवाद से मुक्ति मिली।

409260cookie-check14 दिसंबर 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.