14 अप्रिल 2022 के राशिफल

Anurag Ranjan

दिनांक- 14/04/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 चैत शुक्ल पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

रात के 02 बजके 27 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन-बियफे।

पूर्वाफाल्गुनी नक्षत्र

दिन के 08 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र।

वृद्धि जोग

दिन में 08 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद ध्रुव जोग।

कौलव करण।

प्रदोष व्रत, अश्विन्यां मेषे च सूर्य

 दिन में 10 बजके 53 मिनट पs।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 15/04/2022

चैत शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

रात के 01 बजके 44 मिनट ले।

दिन-सुक।

उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र

दिन में 08 बजके 31 मिनट ले।

ध्रुव जोग

सुबह के 07 बजके 01 मिनट ले।

गर करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

मानसिक तनाव बनल रही, कवनो काम के लेके चिंता रही। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली, रचना के काम सफल होई। बेवसाय में लाभ होई।

 वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी।, पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली।अचके धन लाभ होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आत्म विश्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ्य के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली, उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। जतरा यात्रा के संजोग बन रहल बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

संतान सुख मिली। आर्थिक ममिला में बढ़न्ती होई, जीवनसाथी के सहजोग मिली, बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी के क्षेत्र में बढन्ती होई। कवनो काम के लेके चिंता रही।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुड़ल लाभ मिली। बेववसायिक कोसिस सफल होई। बहुत उमेद के काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। माई बाबूजी के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

उपहार भा सम्मान के लाभ होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। माई के स्वास्थ में बाधा रहीं। मानसिक तनाव सुरु हो सकेला।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद विवाद से बांची। आर्थिक ममिला में बढ़न्ती होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरु हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। शिक्षा में बढ़न्ती होई। अचके कुछ लाभ मिली। जतरा के संजोग बन सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

 सामाजिक काम में सफलता मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़ी। मानसिक तनाव बनल रही। मेहरारू के स्वास्थ में बाधा रही। भाग-दउर रही।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

पेट से जुड़ल परेसानी सुरु हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। बाबूजी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। आज बहुते खुस रहेम। बेकार के खरचा हो सकता बा।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान सुख मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। कवनो सुख से भरल समाचार मिली।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।