13 मई 2022 के राशिफल

Share

दिनांक- 13/05/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 वैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि-द्वादशी

दिन में 02 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद त्रयोदशी।

दिन-सुक।

हस्त नक्षत्र

दिन में 04 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद चित्रा नक्षत्र।

व्रज जोग

दिन में 01 बजके 26 मिनट ले,

ओकरा बाद सिद्धि जोग।

वालव करण।

प्रदोष व्रतम्।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 14/05/2022

वैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि-त्रयोदशी

दिन में 01 बजके 16 मिनट ले।

दिन-सनिचर।

चित्रा नक्षत्र

दिन में 03 बजके 49 मिनट ले।

सिद्धि जोग

 दिन में 11 बजके 30 मिनट ले।

तैतिल करण।

श्री नृसिंह चतुर्दर्शी व्रतम्।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। शिक्षा के बढ़न्ती होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। बेवसाय में लाभ होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सहजोग मिली। नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली। आर्थिक मामिला में नुकसान पहुंच सकत बा। सावधानी बरतीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। स्वास्थ से जुड़ल लाभ होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। शिक्षा में बढ़न्ती होई। अचके कुछ लाभ मिली। जतरा के संजोग बन सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। चोट चपेट अस इस्तिथी बन सकत बा। भाग-दउर रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। अचके कुछ लाभ मिल सकेला। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

पेट से जुड़ल परेसानी बन सकत बा। मानसिक तनाव बनल रही। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान रखी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा। सावधानी बरतीं।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-