[the_ad_group id="30365"]

13 अप्रिल 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 13/04/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 चैत शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वादशी

रात के 02 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद त्रयोदशी।

दिन-बुध।

मघा नक्षत्र

दिन के 07 बजके 18 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाफाल्गुनी नक्षत्र।

गण्ड जोग

दिन में 09 बजके 14 मिनट ले,

ओकरा बाद वृद्धि जोग।

वव करण।

मदन द्वादशी।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 14/04/2022

चैत शुक्ल पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

रात के 02 बजके 27 मिनट ले।

दिन-बियफे।

पूर्वाफाल्गुनी नक्षत्र

दिन में 08 बजके 11 मिनट ले।

वृद्धि जोग

दिन में 08 बजके 20 मिनट ले।

कौलव करण।

प्रदोष व्रतम्,

अश्विन्यां मेषे च सूर्य

दिन में 10 बजके 53 मिनट पs।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ्य से जुड़ल लाभ मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई, स्वास्थ्य से जुड़ल लाभ मिली, जीवन साथी के सहजोग मिली।

 वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

वृष राशि- संतान सुख मिली, आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी दूर होई, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई, जीवनसाथी के सहजोग मिली, बहुत उमेद के काम पूरा होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सहजोग मिलल, रचना के काम  सफल होई, कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी, शिक्षा के क्षेत्र में प्रगति होई। जीवन साथी के सहजोग मिली, उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। नौकरी में लाभ होई। स्वास्थ्य संबंधी लाभ प्राप्त होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में प्रगति होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। लइकन के स्वास्थ्य कावर खास धेयान दी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग मिली, रचना के काम सफल होई, शिक्षा के क्षेत्र में प्रगति होई, दाम्पत्य जीवन सुख से भरल होई। वाद-विवाद से बांची, जतरा के संजोग बन रहल बा।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जवन रउआ ला हितकर होई, नौकरी के क्षेत्र में प्रगति होई, जीवनसाथी के सहजोग मिली, बहुत उमेद के काम पूरा होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। लईकन के स्वास्थ ला सचेत रहीं, बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी, पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई, स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरु हो सकेला। नस भा पेट से जुड़ल परेसानी सुरु हो सकेला। भाग-दउर रहीं। संघतिया के सहजोग मिली, बहुते उमेद के काम पूरा होई, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। चोट चपेट अस इस्थिति उत्पन्न हो सकेला। भाग-दउर रहीं। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। अचके कुछ लाभ प्राप्त होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। ‌

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद विवाद से बाचीं। आर्थिक पक्ष मजबूत होई, बेवसायिक कोसिस सफल होई, स्वास्थ्य के लेके सचेत रहीं, माई के स्वास्थ में बाधा रही। मानसिक तनाव उत्पन्न हो सकेला। भाग-दउर रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली , कवनाे काम के लेके चिंता रही। लमहर सम से चलल आ रहल परेसानी दूर होई, शिक्षा के क्षेत्र में प्रगति होई। स्वास्थ्य के लेके सचेत रहीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा। सावधान रहीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]