[the_ad_group id="30365"]

12 सितंबर 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-12/09/2024

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

रात के 11 बजके 33 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- बियफे।

मूल नक्षत्र

रात के 09 बजके 52 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र।

आयुष्मान जोग

रात के 10 बजके 40 मिनट ले,

ओकरा बाद सौभाग्य योग ।

बालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 13/09/2024

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

रात के 10 बजके 30 मिनट ले।

दिन- सुक।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

रात के 09 बजके 35 मिनट ले।

सौभाग्य जोग

रात के 08 बजके 48 मिनट ले।

तैतिल करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज दफ्तर में दिन सामान्य रही। बेवसाय में निवेश कइल लाभप्रद हो सकत बा। परिवार के संगे अच्छा समे बिताएम। मन पs चंचलता हावी हो सकेला। आज के दिने बजरंग के पाठ बाण के पाठ करीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अपना अड़ियल रवैया से बचीं। खान-पान से सेहत बिगड़ सकेला। निवेश खातिर दिन अनुकूल बा। संघतिया भा सम्बंधियन से वाद-विवाद होखला पs सावधान रहीं। विद्यार्थियन के कवनो प्रतियोगिता में सफलता मिल सकेला।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज कवनो मन के इक्षा पूरा होई, गलत फसीला लेला से बांची। बदलत मौसम के असर राउर सेहत पs देखे के मिल सकेला। जिनगी में कुछ बदलाव खुसी दिही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जीवन साथी के सेहत के खेयाल राखीं। ख़र्चा बढ़ सकत बा। प्रेमी का प्रति गलतफहमी के शिकार हो सकत बानी। अपना खान-पान के खेयाल राखीं। सुरुज देवता के जल चढ़ाईं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन के काम के दौरान सावधानी बरते के होई ना तs हानी हो सकत बा। दफ्तर में वरिष्ठ अधिकारियन से मनमुटाव संभव बा। प्रेमी के संगे निम्मन समे बीती।  लल

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

करियर में कइल गइल मेहनत के फल आज मिली। लोग राउर सरहाना करी। नया नौकरी के अवसर मिल सकत बा। माथा के दरद से परेसान हो सकत बानी। बेकार के खरचा से तनाव हो सकत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

मान-सम्मान में बढ़न्ती होई। प्रेमी के संगे तालमेल बइठा के चलीं। नौकरी में प्रमोशन के जोग बन रहल बा। जतरा के दौरान कुछ महत्वपूर्ण लोगन से भेंट हो सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मौज-मस्ती में समे बीती। सेहत निम्मन रही। दफ्तर में लोग राउर योग्यता के सराही। सहकर्मियन के सहजोग मिली। केहू के दिहल पईसा वापस मिल सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज ऑफिस में राउर काम से बॉस के खुसी मिली। छात्रन के पढ़ाई में मन लागी। साँझ के बेरा तनिका सेहत संबंधी परेसानी हो सकेला। आज गणेश जी के मोदक के भोग लगाई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज पूरा दिन उत्साह से भरल रहब। खरचा तनिका परेसान कs सकत बा। सेहत पs मौसम के प्रभाव पड़ सकेला। बेवसाय में लाभ के जोग बन रहल बा। हर काम धीर राख के करीं।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज अपना व्यस्त दिनचर्या में से समे निकाल के परिवार के संगे समे बिताएम। जीवन साथी के संगे निम्मन समे बीती। पारिवारिक रिश्ता मजबूत होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज वित्तीय समस्या के सामना करे के पड़ सकत बा।तरक्की के नया अवसर मिल सकत बा। अपना जिद्दी स्वभाव के कारण खुद के गलती के नजरअंदाज मत करीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]