Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

12 जनवरी 2023 के राशिफल

654

दिनांक-12/01/2024
श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन के 02 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद द्बितीया।

दिन- सुक।

उत्तराषाढ़ा नक्षत्र

दिन के 03 बजके 18 मिनट ले,

ओकरा बाद श्रवण नक्षत्र।

हर्षण जोग

दिन के 02 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद वज्र जोग।

बव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 13/01/2024

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

दिन के 11 बजके 11 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

श्रवण नक्षत्र

दिन के 12 बजके 49 मिनट ले।

वज्र जोग

दिन के 10 बजके 13 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

महिला अधिकारी के सहजोग मिली। धार्मिक प्रवृत्ति में बढ़न्ती होई। सामाजिक कामन में रुचि बढ़ी। जतरा संभव बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

बाबूजी भा धर्म गुरु के सहजोग मिली। प्रतिष्ठा बढ़ी। रचना के कोसिस सफल होई। भौतिक वस्तुअन में बढ़न्ती होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। वाहन चलावत घरी सावधानी रखीं। बेकार के तनाव रही। रचना के कामन में बेवधान आ सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

दांपत्य जिनगी सुख से भरल होई। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। रिश्तन में निकटता आई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

रिश्तन में मजबूती आई। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। धन, सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

घर के काम में व्यस्त हो सकत बानी। माई के स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। रचना के कामन में सफलता मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

भाई-बहिन के सहयजो रही। कइल गइल पुरुषार्थ सार्थक होई। रिश्तन में निकटता आई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सुधार होई, बाकिर कवनो अइसन घटना हो सकत बा जवन रउआ हित में ना होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

बेवसायिक ममिलन में सफलता मिली। चलल आ रहल समस्या के समाधान होई। एकरा बादो अपना स्वास्थ के लेके सचेत रहीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

मन खिन्न रही। बेकार के ममिलन में सावधानी रखीं। रचना के कोसिस सफल होई। जीवनसाथी के सहजोग रहेगा।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में सफलता मिली। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। आर्थिक ममिलन मे जोखिम मत उठाई।

711360cookie-check12 जनवरी 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.