[the_ad_group id="30365"]

12th Fail Trailer Out: रिलीज भइल ’12वीं फेल’ के ट्रेलर, UPSC एस्पायरेंट्स के दिलचस्प कहानी के संगे दमदार किरदार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

12th Fail Trailer Out: विधु विनोद चोपड़ा अपना अगिला एकेडमिक ड्रामा फिलिम 12वीं फेल लेके आइल बाड़ें। कुछ हफ्तन पहिले ऊ फिलिम के टीजर रिलीज कइल रहस आ बतवले रहस कि उनकर फिलिम UPSC एस्पायरेंट्स के कहानी बा। अब 3 अक्टूबर के 12वीं फेल के ट्रेलर जारी कs दिहल गइल बा।

फिलिम के ट्रेलर 

12वीं फेल के ट्रेलर के सुरुआत विक्रांत मैसी से होत बा। फिल्म में एक्टर मनोज कुमार शर्मा के किरदार निभा रहल बाड़ें, जवन चंबल के एगो गांव से दिल्ली के मुखर्जी नगर में यूपीएससी के तइयारी करे आवेला। इहां आके ओकरा अपना पढ़ाई जारी रखे खातिर टॉयलेट साफ करे से लेके कइयन छोट- बड़ काम करे के पड़ेला, काहेकि परिवार आर्थिक तंगी से जूझ रहल बा आ ओकरा के सपोर्ट नइखे कs सकत।

पूरा दिल से मेहनत करे के बाद मनोज के हौसला तब टूट जाला, जब ऊ बेर-बेर एग्जाम में फेल होखे लागल बा, बाकिर गिरके ऊ फेर उठेला, रिस्टार्ट करेला। फिलिम यूपीएससी एस्पायरेंट्स के एही गिरे आ संभरे के कहानी हs।

रियल स्टोरी पs बेस्ड बा कहानी

12वीं फेल के कहानी रियल लाइफ स्टोरी पs बेस्ड बा। फिलिम अनुराग पाठक के लिखल एही नाम के नॉवेल पs बेस्ड बा, जवन आईपीएस अधिकारी मनोज कुमार शर्मा आ आईआरएस अधिकारी श्रद्धा जोशी के सानदार सफर बतावेला। 12वीं फेल के रियल लोकेशन पs रियल छात्रन के बीच शूट कइल गइल बा।

कब रिलीज होई फिलिम ?

12वीं फेल के डायरेक्शन 3 इडियट्स के मेकर विधु विनोद चोपड़ा कइले बाड़ें। फिलिम के जी स्टूडियोज प्रोड्यूस कइले बा। 12वीं 27 अक्टूबर 2023 के दुनियाभर के थिएटर्स में रिलीज कइल जाई। फिलिम में विक्रांत मेसी लीड रोल निभा रहल बाड़ें। 12वीं फेल के हिंदी के संगे तमिल, तेलुगु आ मलयालम में रिलीज कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]